एल सल्वाडोर
निर्देशांक: 13°50′N 88°55′W / 13.833°N 88.917°W
एल सल्वाडोर मध्य अमेरिका में एगो देस बा। ई मध्य अमेरिकी थलजोड़ के प्रशांत महासागरीय किनारा पर बाटे आ एकरे उत्तर पच्छिम में ग्वाटेमाला आ उत्तर ओर होंडूरास देस बाने जबकि एकर पूरा दक्खिनी किनारा प्रशांत महासागर के समुंदरी किनारा हवे। एह देस के राजधानी सैन सल्वाडोर हवे आ इहाँ के सभसे बड़ शहर भी इहे हऽ।
एल सल्वाडोर रिपब्लिक El Salvador República de El Salvador (स्पेनिश) | |
---|---|
![]() | |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | सैन सल्वाडोर 13°40′N 89°10′W / 13.667°N 89.167°W |
ऑफिशियल भाषा | स्पेनिश |
रकबा | |
• कुल | 21,041 किमी2 (8,124 वर्ग मील) (148वाँ) |
• जल (%) | 1.5 |
जनसंख्या | |
• 2016 अनुमान | 6,344,722[1] (99वाँ) |
• Density | 303.1/किमी2 (785.0/वर्ग मील) (47वाँ) |
टाइम जोन | CST (यूटीसी−6) |
एल सल्वाडोर मध्य अमेरिकी थलजोड़ में मौजूद देस सभ में एरिया के हिसाब से सभसे छोट देस हवे बाकी सभसे घन आबादी वाला देस हवे आ साल 2016 के अनुमान के मोताबिक इहाँ के कुल जनसंख्या लगभग 63.4 लाख (6.34 मिलियन) रहल। इहाँ के जनसंख्या में मूलनिवासी आ यूरोपी लोग के मेल से बनल मेस्तिजो लोग के संख्या सभसे ढेर बाटे।
संदर्भ संपादन
- ↑ "World Population Prospects: The 2017 Revision". ESA.UN.org (custom data acquired via website). United Nations Department of Economic and Social Affairs, Population Division. Retrieved 10 September 2017.
ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |