ऐमरिलिस (अंग्रेजी: Amaryllis, उच्चारण: ऍमरिलिस) एगो फूल वाला सजावटी पौधा हवे जेह में पियाज के गाँठ नियर गाँठ (बल्ब) से पौधा के नरम डंठल आ पतई निकले लीं, एकरे बाद डंडी में फूल फुलाला। बैज्ञानिक रूप से ई बनस्पति बिज्ञान के वर्गीकरण के हिसाब से एगो जाति (जीनस) हवे जे ऐमरिलिडिए उपपरिवार के अंदर आवे ला आ एह उपपरिवार के एकलौता सदस्य हवे।