ऑपन हैंड या ऑपन हैंड मॉन्यूमेंट (अंग्रेजी: Open Hand Monument, फ्रेंच: La Main Ouverte) एक ठो मॉन्यूमेंट बाटे जे भारतीय शहर चंडीगढ़ में बा। ई स्मारक चंडीगढ़ के प्लानिंग करे वाला आर्किटेक्ट लि कोर्बूजिए के डिजाइन कइल हवे। एकर प्रतीकात्मक अरथ हवे "एगो खुलल हाथ, देवे खातिर आ लेवे खातिर; शांति समृद्धि आ मानवता के एकता"।[1] लि कोर्बूजिए के कई ठो ऑपन हैंड स्मारक सभ में ई सभसे बड़हन[2] बाटे आ 26 मीटर (85 फीट) ऊँचाई वाला बा। एकर धातु से बनल हिस्सा 14 मीटर (46 फीट) ऊँच बाटे आ ई हवा में घुमरी काटे खातिर डिजाइन कइल गइल रहल।[1][3][4]

ऑपन हैंड
ऑपन हैंड मॉन्यूमेंट, चंडीगढ़, भारत
Artistलि कोर्बूजिए
Year1964 (1964)
Dimensions26 m (85 फीट)
Locationचंडीगढ़
Coordinates30°45′32″N 76°48′26″E / 30.758974°N 76.807348°E / 30.758974; 76.807348निर्देशांक: 30°45′32″N 76°48′26″E / 30.758974°N 76.807348°E / 30.758974; 76.807348

प्रतीक संपादन करीं

ई चीन्हा कोर्बूजिए के डिजाइन के थीम के प्रमुख हिस्सा रहल जवन उनुका खातिर शान्ति आ पुनर्स्थापन के प्रतीक रहल। कोर्बूजिए के इहो कहनाम रहल कि ई 'दूसरी मशीन क्रांति' के भी प्रतीक रहल।[2]

लोकेशन संपादन करीं

ऑपन हैंड मॉन्यूमेंट चंडीगढ़ के राजधानी कॉम्प्लेक्स, जवन सेक्टर 1 में बा, में मौजूद बा आ एकरे पाछे हिमालय के शिवालिक श्रेणी के सीन दिखाई पड़ेला। चंडीगढ़ शहर खुद नेशनल हाइवे 21 आ नॅशनल हाइवे 22 के कटान पर एगो प्रमुख उत्तर भारतीय शहर बाटे जे आवागम के साधन द्वारा कई मुख्य शहर सभ से बढियाँ जुड़ाव वाला बाटे।

फुटनोट संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 Betts & McCulloch 2014, p. 61-62.
  2. 2.0 2.1 Shipman 2014, p. 7.
  3. Jarzombek & Prakash 2011, p. 1931.
  4. "Capitol Complex". Tourism Department Government of Chandigarh.

संदर्भ संपादन करीं