ओमप्रकाश राजभर एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ें आ उत्तर प्रदेश के सतरहवीं बिधानसभा में एमएलए आ वर्तमान सरकार में कैबिनेट मंत्री बाड़ें। राजभर गाजीपुर जिला के जहूराबाद बिधानसभा क्षेत्र से एमएलए हवें आ ई सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी के अध्यक्ष भी हउवें, पार्टी आज्काल्ह भाजपा के साथे गठबंधन में बा।[2] गठबंधन "एकता मंच" के ई नेता भी हवें जेकर हिस्सा इनके पार्टी भासपा भी भा।

ओमप्रकाश राजभर
उत्तर प्रदेश सरकार में मंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
19 मार्च 2017
सीटजहूराबाद, गाजीपुर जिला
एमएलए
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
2017-अबतक
निजी जानकारी
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीसुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी
माई-बाबूजीसन्नू राजभर[1]
निवासजहूराबाद, गाजीपुर जिला, उत्तर प्रदेश
प्रोफेशनराजनीतिक नेता[1]

राजनितिक कैरियर

संपादन करीं

ओमप्रकाश राजभर अपना राजनीतिक जिनगी के सुरुआत कांशीराम के साथे 1981 में कइलेन आ बहुजन समाज पार्टी के नेता रहलें। बाद में, साल 2001 में बसपा सुप्रीमो मायावती से इनकर बिबाद भइल आ ई आपन अलगा पार्टी बना लिहलें।[3] नया पार्टी के नाँव भारतीय समाज पार्टी (भासपा) रखलें। इनके पार्टी साल 2004 से यूपी आ बिहार में चुनाव लड़ रहल बा बाकी 2017 से पहिले एह उमेदवार लोग के भूमिका दुसरे बड़ पार्टी सभ के खेल बिगाड़े वाला भर रहल।

साल 2017 के बिधान सभा चुनाव में भासपा के गठबंधन भारतीय जनता पार्टी के साथे भइल आ ई चार गो सीट प जीत पवलस जेह में खुद ओमप्रकाश राजभर भी सामिल बाने आ ई गाजीपुर के जहूराबाद से जीत हासिल कइलेन।[1]

19 मार्च 2017 के राजभर योगी मंत्रिमंडल में कैबिनेट मंत्री बनावल गइलेन आ इनके पिछड़ा बर्ग कल्याण आ बिकलांग कल्याण बिभाग के कार्यभार दिहल गइल बा।

पद धारण कइलेन

संपादन करीं
# से तक पोजीशन टिप्पणी
01 2017 पद पर सदस्य, 17वीं बिधानसभा

इहो देखल जाव

संपादन करीं
  1. 1.0 1.1 1.2 "Candidate affidavit". my neta.info.
  2. "Live ZAHOORABAD Election Results 2017, Leading MLA Candidate, Previous Winner, Uttar Pradesh".
  3. समीरात्मज मिश्र बीबीसी हिंदी के लिए (1970-01-01). "उत्तरप्रदेश: इस नेता ने अमित शाह का भी चैन उड़ा रखा है - BBC News हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2018-03-28.