कंप्यूटर
कंप्यूटर (अंग्रेजी: Computer) एगो आम इस्तेमाल मे आवे आला इलेक्ट्रानिक मशीन हवे जवन प्रोग्राम के अधार पर हाली से गिन सकत बा। ई गनित से जुड़ल गिनती आ तरक से जुड़ल गिनती,दुनो करे मे सछ्म होला। सुरुआत के दउर मे कंप्यूटर खाली इलेक्ट्रानिक न होखत रहुवे बलकी एनालॉग कंप्यूटर भी रहलन बाकी अब इलेक्ट्रानिके कंप्यूटर इस्तेमाल होत बाटे।
पहिले के कंप्यूटरन के साइजो खूबे बड़ होखत रहुवे लेकिन अब टेक्नालजी में अतना सुधार भइल बा की एगो छोटहन घड़ी में ले कंप्यूटर समा सकत बाटे।
आम जनता खाली डेस्कटॉप आ लैपटॉप के कंप्यूटर बुझेले बाकि अइसन ना बा। कंप्यूटर आजकाल बहुते चीजन में निहित रूप से लागल रहत बा। एमपी3 प्लेयर, कैमरा, टीवी नियन कइयो अइसन रोज इसतेमाल होखे वाला चीजन में कम्यूटर के इस्तेमाल निहित रूप से भइल रहत बा। मोबाइल फोन तऽ एगो छोटमोट पर्सनल कंप्यूटरे होखल जात बा। एही तरे मौसम बिज्ञान नियर चीजन में इस्तेमाल होखे वआला कंप्यूटर अब्बो कमरा भर के होखेलें।
परकार
संपादन करींइनहना के टिपिकल बरगिकरन इनहन के इस्तेमाल के अधार पर आ साइज के अधार पर होला:
इस्तमाल के अधार पर
संपादन करीं- एनालॉग कंप्यूटर
- डिजिटल कंप्यूटर
- हाइब्रिड कंप्यूटर
साइज के अधार पर
संपादन करींइहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया कंप्यूटर पर मौजूद बा। |
ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |