करोल एम. हाइस्मिथ
करोल ऍम॰ हाइस्मिथ (अंग्रेजी: Carol M. Highsmith; जनम 1946) एक ठो अमेरिकी फोटोग्राफर, लेखिका, आ प्रकाशक (पब्लिशर) बाड़ी जे अमेरिका के सगरी राज्यन में आ कोलंबिया आ प्यूर्तो रिको में फोटोग्राफी कइले बाड़ी। ऊ अमेरिका में हर तरह के फोटोग्राफी (लैंडस्केप, बिल्डिंग, आर्किटेक्चर, सहरी आ देहाती जीवन, अपना काम में लागल लोग सभ वगैरह बिसय के फोटोग्राफी) करि चुकल बाड़ी। करोल, अमेरिका के सज्जो 50 ठो राज्यन में फोटोग्राफी करि के 21वीं सदी के सुरुआती दौर के एगो रिकार्ड बनावे वाली फोटोग्राफर बाड़ी।
करोल ऍम॰ हाइस्मिथ Carol M. Highsmith | |
---|---|
![]() Carol M. Highsmith self portrait in front of a broken mirror at the Willard Hotel in 1980 | |
जनम | करोल मककेनी मई 18, 1946 Leaksville, North Carolina (since renamed "Eden"), United States |
राष्ट्रीयता | अमेरिकी |
शिक्षा | Corcoran School of Art |
परसिद्धि के कारन | अमेरिका संबंधी फोटोग्राफी कलेक्शन |
वेबसाइट | CarolHighsmithAmerica.com ThisIsAmericaFoundation.org |
Patron(s) | George F. Landegger; The Capital Group Foundation in memory of its late chairman, Jon B. Lovelace; Lyda Hill of Dallas, Texas; The Gates Frontiers Fund; The Ben May Family Foundation |
हाईस्मिथ अपना काम के (जेह में 1,00,000 फोटो बाटे) फ्री में दान कर देले बाड़ी आ एह फोटो सभ से लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस एक ठो सिगल ब्यक्ति के काम से पुरालेख (आर्काइव) के स्थापना कइले बाटे।[1][2]
संदर्भ संपादन करीं
- ↑ लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस, Prints and Photographs Online Catalog, पहुँच तिथि: अगस्त 4, 2012.
- ↑ "Highsmith (Carol M.) Archive" [हाईस्मिथ (करोल ऍम॰) आर्काइव]. लाइब्रेरी ऑफ काँग्रेस (अंग्रेजी में). Retrieved 2 अप्रैल 2010.
बाहरी कड़ी संपादन करीं
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Carol M. Highsmith पर मौजूद बा। |
- [1] करोल ऍम॰ हाइस्मिथ के वेबसाइट।
ई फोटोग्राफी-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई कलाकार-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |