मैसूर पठार
(कर्नाटक पठार से अनुप्रेषित)
मैसूर पठार (अंग्रेजी: Mysore Plateau) दक्खिनी भारत में एगो पठार बाटे। एकरा के #कर्नाटक पठार के हिस्सा भी मानल जाला आ कुछ लोग एकरा के अलग भी पहिचाने ला।[1][2]
मैसूर पठार | |
Plateau | |
देस | भारत |
---|---|
राज्य | कर्नाटक |
कर्नाटक पठार
संपादन करींकर्नाटक पठार भारत के कर्नाटक राज्य में मौजूद ऊँच भूमि के कहल जाला।[3] एकरा के तीन भाग में बाँटल जाला: उत्तरी कर्नाटक पठार, बिचला कर्नाटक पठार आ दक्खिनी कर्नाटक पठार।[4] कुछ जगह कर्नाटक पठार के दक्खिनी हिस्सा के मैसूर पठार भी कहल जाला आ दुनों के बीच सीमा के बारे में भरम के स्थिति भी बाटे।[1][2] एकरा के मालनद आ मैदान दू हिस्सा में, ऊँचाई के अनुसार भी बाँटल जाला। सह्याद्री के लग्गे वाला भाग जे 1000 मीटर से ऊँच बाटे, मालनद कहाला आ लहरदार पहाड़ी से युक्त इलाका जे 150 से 600 मीटर ले ऊँच बा ऊ मैदान कहाला।[1]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 1.2 M. Widdowson (1997). Palaeosurfaces: Recognition, Reconstruction and Palaeoenvironmental Interpretation. Geological Society of London. pp. 249–. ISBN 978-1-897799-57-4.
- ↑ 2.0 2.1 Mahesh Chand; V.K. Puri (23 मई 1983). Regional Planning in India. Allied Publishers. pp. 16–. ISBN 978-81-7023-058-8.
- ↑ "Karnataka Plateau - plateau, India".
- ↑ Lalit Chugh (8 अप्रैल 2016). Karnataka's Rich Heritage - Art and Architecture: From Prehistoric Times to the Hoysala Period. Notion Press. pp. 8–. ISBN 978-93-5206-825-8.
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |