कान्तिपुर (दैनिक)
कान्तिपुर नेपाली भाषा में रोज छपे वाला एगो अखबार ह, जवन नेपाल के काठमांडू, बिराटनगर, नेपालगंज आ भरतपुर से एके साथ छपेला। एकर स्थापना श्याम गोइंका जी कइले रहनी।[3] कान्तिपुर' के प्रकाशक सभ खबर कइले रहले लोग की कान्तिपुर के बिक्री रोजिना 350,000 से भी अधिका बा। मानल जाऽला की ई नेपाल में सबसे अधिका पढ़े जाए वाला अखबार ह, जबकि नेपाल घर होए वाला अप्रवासी लोग जे बिदेशन में रहेला लोग, उ लोग खातिर ई एगो निमन माध्यम बा नेपाल के बारे में जानकारी रखे के। सुधीर शर्मा 2008 ई. से अखबार के मुख्य-संपादक (चीफ-इन-एडिटर) बाड़े।
प्रकार | दैनिक समाचार |
---|---|
फॉरमैट | चौड़ा पन्ना |
मालिक | कान्तिपुर मीडिया ग्रुप |
संस्थापक | श्याम गोइंका (23 साल पहिले) |
प्रकाशक | कैलाश सिरोहिया |
स्थापना | फरवरी 20, 1993[1] |
भाषा | नेपाली भाषा |
मुख्यालय | सेंट्रल बिजनेस पार्क, थापाथली, काठमांडू |
देस | नेपाल |
सर्कुलेशन | 360,000[2] |
वेबसाइट | kantipur.ekantipur.com |
|
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Kantipur marks 23rd anniversary". The Kathmandu Post. Retrieved 3 February 2017.
- ↑ "Kantipur". Kantipur Media Group. Archived from the original on 2018-01-24. Retrieved 17 दिसंबर 2016.
- ↑ Yubaraj Ghimire, (n.d.), Nepali Media at Crossroad: Can they Mediate Constitution-Making and Peace Processes? Archived 2018-11-11 at the Wayback Machine, Nepal Democracy. Accessed July 23, 2016
ई अखबार-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |