काशी विद्यापीठ
बनारस में एगो पब्लिक इन्वर्सिटी
महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ उत्तर प्रदेश के बनारस शहर में एगो सरकारी विश्वविद्यालय बा। ई राज्य विश्वविद्यालय हवे आ एकर स्थापना 1921 में भइल। वर्तमान में एह विश्वविद्यालय से ढेर सारा कालेज संबद्ध बाने आ ई कला, बिज्ञान, लॉ आ कामर्स बिसयन में ग्रेजुएशन, पीजी आ रिसर्च के कोर्स चला रहल बा।
महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ | |
---|---|
पुरान नाँव | काशी विद्यापीठ |
मोटो | विद्ययाऽमृतमश्नुते |
Motto in English | "Knowledge imparts immortality." |
स्थापना | 1921 |
प्रकार | सरकारी |
वाइसचांसलर | डॉ. पृथ्वीश नाग |
लोकेशन | बनारस, उत्तर प्रदेश, भारत |
पुकारनाँव | विद्यापीठ |
वेबसाइट | www |
विश्वविद्यालय के स्थापना शिव प्रसाद गुप्त आ भगवान दास के कोसिस के चलते भइल आ महात्मा गाँधी एकर उद्घाटन कइलें। पहिले एकर नांव खाली "काशी विद्यापीठ" रहे, 1995 में एकर नाँव "महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ" कइल गइल।
संदर्भ
संपादन करींई लेख कौनों विश्वविद्यालय या शिक्षा संस्थान के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |