किनपोर्श: द सीरीज एगो 2022 के थाई एक्शन रोमांस ड्रामा टेलीविजन सीरीज हवे जे एही नाँव के वेब उपन्यास पर आधारित बाटे जेह में फाकफुम रोमसैथोंग (माइल) आ नट्टाविन वट्टानागीतिफाट (अपो) मुख्य भूमिका में बाड़ें जा। ई सीरीज पोर्श के अनुसरण करे ले काहें सेकी ऊ खुद के किन थीरापन्याकुल द्वारा माफिया अंडरवर्ल्ड में खींचा गइल पावे ला।

किनपोर्श
बिधा
आधारित
KinnPorsche Story: รักโคตรร้าย สุดท้ายโคตรรัก
by
  • DAEMI
लेखक
  • पटचायमोन थीवासुजारोएन
  • सित्थिचाई पन्या
  • क्रिस्दा विट्ठायखाजोर्न्डेट
  • भानभसा धुबथियन
डाइरेक्टर
  • कोंगकियाट कोमेसिरी
  • क्रिस्दा विट्ठायखाजोर्न्डेट
  • बनचोर्ण वोरसतारी
स्टारिंग
सुरुआती थीम"เพียงไว้ใจ (PhiangWaichai)" by Slot Machine
अंत थीम
  • "Free Fall" by Slot Machine (since Episode 1)
  • "แค่เธอ" (Why Don't You Stay) by Jeff Satur (since Episode 7)
उत्पत्ती देसथाईलैंड
मूल भाषा(सब)थाई
एपिसोड नं.१४ (list of episodes)
प्रोडक्शन
एक्सीक्यूटिव प्रोड्यूसरक्रिस्दा विट्ठायखाजोर्न्डेट
प्रोड्यूसरबनचोर्ण वोरसतारी
सिनेमैटोग्राफीमनीरत श्रीनाकरिन
प्रसारण काल45-60 मिनट
प्रोडक्शनकंपनीBe On Cloud
डिस्ट्रीब्यूटरiQIYI
रिलीज
मूल नेटवर्कOne 31
पिक्चर फॉरमेट1080i (HDTV)
ऑडियो फॉरमेटDolby Digital
ओरिजिनल रिलीज2 अप्रैल 2022 (2022-04-02) – वर्तमान

कहानी के सार संपादन करीं

थीरापन्याकुल माफिया प्रमुख के माझिल बेटा किन थीरापन्याकुल (फाकफुम रोमसैथोंग) अपना निजी अंगरक्षक के रूप में पार्ट टाइम वेटर आ ताइक्वांडो चैंपियन पोर्श किट्टीसावासद (नट्टाविन वट्टनागीतिफाट) के काम पर राखेलें। शुरू में अनिच्छुक पोर्श अपना भाई चेए खातिर सहमत हो जाला काहे सेकी किन ब्लैकमेल आ रिश्वत के खल-खल के हथकंडा अपनावे ला। दुनों जने कए गो बाधा में पड़ जालें आ रोमांटिक रिश्ता में उलझ जालें बिना एह बात के एहसास कइले कि दुनों जने के अपना प्यार खातिर कवन-कवन परेशानी के सामना करे के बा।

कलाकार आ पात्र सभ संपादन करीं

मुख्य संपादन करीं

  • फाकफुम रोमसैथोंग (माइल) अनाकिन "किन" थीरापन्याकुल के रूप में, दूसरका बेटा आ थीरापन्याकुल क्राइम फैमिली के मुख्य शाखा के अनुमानित उत्तराधिकारी।
  • नट्टाविन वट्टनागीतिफाट (अपो) पोर्श पचारा किट्टीसावासद के रूप में, एगो कॉलेज के छात्र, बारटेंडर, आ ताइक्वांडो चैंपियन।
    • पासिन कैहंडिंग युवा पोर्श के रूप में

सहायक संपादन करीं

  • विचपास सुमेट्टीकुल (बाइबिल) वेगास थीरापन्याकुल के रूप में, बड़का बेटा आ थीरापन्याकुल क्राइम फैमिली के अतिरिक्त शाखा के अनुमानित उत्तराधिकारी।
  • जकपन पुट्टा (बिल्ड) पीट के रूप में, तंखुन के मुख्य अंगरक्षक।
  • जेफ़ सैटर किमहान थीरापन्याकुल के रूप में, किन के छोट भाई, थीरापन्याकुल क्राइम फैमिली के मुख्य शाखा में तीसरा आ छोटका बेटा। ऊ पारिवारिक धंधा में बेरुचि के नाटक करेला बाकिर भीतरी से ओतने बेरहमी होला जेतना कि ओकर बाप आ भाई।
  • तिन्नासिट इसारापोंगपोर्न (बारकोड) पोर्चए पित्चाया के रूप में, पोर्श के छोट भाई, जे अनजाने में किम के प्रति मोहित हो जाला।
    • डोरोथी प्रवतचनयोतिन युवा पोर्चए के रूप में