किसिम (खेती आ बागबानी)

(किसिम (खेती) से अनुप्रेषित)

किसिम (अंगरेजी:कल्टीवर - cultivar) अइसन पौधा सभ के झुंड के कहल जाला जिनहन में मूल लच्छन सभ के बचा के उनहन के अइसन तरीका से बीछ के नया बीया तइयार कइल जाला कि नवका सभ में कुछ बिसेस लच्छन भी जाय। उदाहरण खातिर कई तरह के सजावटी फूल या पौधा सभ के एह प्रकार से ब्रीडिंग कइल जाला कि कुछ खास लच्छन (जइसे कि रंग) में अंतर आ जाय आ बाकी लच्छन एक्के नियर रहें। गुलाब के कई रंग के फूल एही तरीका से पैदा कइल हवें।

कुछ मात्रा में ई प्राकृतिक रूप से भी अपने-आप हो जाला, जइसे की आम के प्रजाति एकही होखले के बावजूद रंग, साइज, महक वगैरह के लच्छन अलग होखे के कारण उनहन के अलग-अलग किसिम मानल जाला।