कुतुबनुमा
दिसा ज्ञान करावे वाला चुंबकीय उपकरण जे नेविगेशन आ दिसा निर्धारण में इस्तेमाल होखे ला
कुतुबनुमा (अंगरेजी: compass) एगो अइसन डिवाइस होला जे नेविगेशन खातिर इस्तेमाल होखे ला आ चारों दिसा के जानकारी देवे ला; एकरे अलावा ई भूगोलीय ओरिएंटेशन में कामे आवे ला। आमतौर पर एह में एगो चुंबकीय सुई होखे ले जेह पर उत्तर दिसा चिन्हित रहे ला। हालाँकि,एकरे अलावा एह में कार्ड नियर सतह भा सगरी दिसा चिन्हित करे वाला कंपास रोज भी हो सके ला। एकर उत्तर दिसंबर वाला हिस्सा चुंबकीय उत्तर दिसा के सूचित करे ला (हालाँकि पृथ्वी के चुंबकीय ध्रुव सभ के संदर्भ में देखल जाय तब टेक्निकल रूप से ऊ चुंबकीय दक्खिन होखे ला)। भूगोलीय उत्तर आ चुंबकीय उत्तर में कुछ अंतर होखे ला जेकरा के चुंबकीय अंतर भा मैग्नेटिक वैरियेशन कहल जाला।
A modern military compass, with included sight device for aligning
एकर ई नाँव क़ुतुबनुमा, फ़ारसी से आइल हवे जहाँ क़ुतुब सितारा ध्रुवतारा के कहल जाला।
इहो देखल जायसंपादन
बाहरी कड़ीसंपादन
विकिमीडिया कॉमंस पर |
- Handbook of Magnetic Compass Adjustment
- Paul J. Gans, The Medieval Technology Pages: Compass
- Evening Lecture To The British Association At The Southampton Meeting on Friday, August 25, 1882. Refers to compass correction by Fourier series.