कुल्फी एगो भारतीय मीठा के आइटम हवे जे दूध के गाढ़ क के जमा के बनावल जाला। ई एक तरह से देसी आइसक्रीम हवे हालाँकि, ई आइसक्रीम के तुलना में ढेर ठोस होला। गर्मी के दिन में पूरा भारतीय उपमहादीप में ई बहुत बिकाला आ उत्तर भारतपाकिस्तान में मटका कुल्फी बहुत पापुलर चीज हवे।

कुल्फी
बदाम कुल्फी
किसिमआइसक्रीम
खाए के समयमिठाई
उत्पत्ती अस्थानमुग़ल भारत
क्षेत्रभारतीय उपमहादीप
मुख्य सामग्रीदूध, चीनी

आमतौर पर ई एकदम उज्जर से ले के क्रीमी उज्जर भा पीयर रंग के होला। एह में मिलावल जाए वाला सुगंध-सवाद (फ्लेवर) के आधार पर एकरा के बादाम कुल्फी, पिस्ता कुल्फी भा मैंगो कुल्फी नियर बिबिध वेराइटी हो जाला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं