केसरिया रंग

एक तरह के रंग, गहिरा पीयर

केसरिया रंग (अंग्रेजी: saffron) पीयर चाहे संतरहवा रंग के एगो किसिम हवे। ई गहिरा पीयर (डार्क पीला) होखे ला। रंग के नाँव केसर से लिहल गइल हवे जे एक किसिम के मसाला हवे आ केसर के पौधा से बनावल जाला। भारत के झंडा में तीन गो पट्टी में से सभसे ऊपरी पट्टी एही केसरिया रंग के होखे ला।

अंग्रेजी में एकरा के सैफ्रौन कलर आ उर्दू में ज़ाफ़रानी रंग कहल जाला।