कैक्टस

गुद्देदार पौधा सभ के एगो परिवार जे अधिकतर सूखा इलाका में पावल जालें

कैक्टस पौधा परिवार कैक्टेसीए चाहे कैक्टेसी (/kæˈkteɪsiaɪ, -siːiː/) के सदस्य हवे। कैक्टेसी कैरियोफिलेल्स कुल के एगो अइसन परिवार ह जेह में लगभग 127 गो बंस सामिल बाड़ें जिनहन में कुछ 1,750 ठे प्रजाति सभ अबतक ले मालुम बाड़ी। कैक्टस शब्द वाया लैटिन भाषा, प्राचीन यूनानी शब्द κάκτος (káktos) से बनल बाटे, ई नाँव मूल रूप से थियोफ्रास्टस द्वारा एगो कांटेदार पौधा खातिर इस्तेमाल कइल गइल जेकर पहिचान अब निश्चित नइखे। कैक्टसन के आकृति आ आकार के बिसाल रेंज पावल जाला। ई अमेरिका के मूल निवासी हवें, दक्खिन में पैटागोनिया से ले के उत्तर में पच्छिमी कनाडा के कुछ हिस्सा ले; रिप्सलिस बैक्सीफेरा के छोड़ के ई अफिरका आ श्रीलंका में भी पावल जाले। कैक्टस सभ बहुत सूखा वातावरण में रहे खातिर अनुकूलित होलें जिनहन में पृथ्वी के सभसे सूखा जगह सभ में से एक अटाकामा रेगिस्तानो सामिल बा। एकरे चलते कैक्टस सभ पानी के सहेजे खातिर कई गो अनुकूलन देखावे लें। उदाहरण खातिर, लगभग सभ कैक्टस रसदार होखे लें, मने कि इनहन के गाढ़, गुद्दा वाला हिस्सा होला जे पानी के भंडारण खातिर अनुकूलित होला। कई अन्य रसदार पौधा सभ के बिपरीत, ज्यादातर कैक्टस सभ के तना एकलौता हिस्सा हवे जहाँ ई महत्वपूर्ण प्रक्रिया घटित होला। कैक्टस सभ के ज्यादातर प्रजाति सभ के ट्रू लीफ़ (वास्तव में जे पतई होखे) खतम हो गइल बा, खाली पतैई के नस सभ के ढाँचा बरकरार बचल बा जे स्पाइन आ काँटा के रूप में मौजूद होला, मने कि बिकास आ अनुकूलन के प्रक्रिया में ई बहुत बदल चुकल पतई बाड़ें। शाकाहारी जीव सभ से बचाव करे के साथे-साथ ई स्पाइन आ काँट कैक्टस के नजदीक हवा के बहाव के कम क के पानी के नुकसान से बचावे में मदद करे लें आ कुछ छाँहो देवे लें। वास्तविक पतइन के अभाव में कैक्टस के बढ़ल तना खुदे फोटोसिंथेसिस (प्रकाश संश्लेषण) के काम करे ला।