कैमूर बनजीव अभयारण्य
(कैमूर अभ्यारण्य से अनुप्रेषित)
कैमूर अभयारण्य चाहे कैमूर वाइल्डलाइफ़ सैंक्चुअरी भारतीय राज्य बिहार के कैमूर जिला के भभुआ नगर के लगे बाटे। ई बिहार के सभ से बड़ अभयारण्य हवे आ एकर रकबा 1342 वर्ग किमी बाटे। बिहार सरकार एकरा के टाइगर रिजर्व बनावे के फैसला लिहले बाटे।[1]
कैमूर अभयारण्य | |
---|---|
लोकेशन | कैमूर जिला, बिहार, भारत |
नजदीकी शहर | भभुआ |
भूगोलीय निर्देशांक | 25°03′N 83°30′E / 25.05°N 83.50°Eनिर्देशांक: 25°03′N 83°30′E / 25.05°N 83.50°E |
रकबा | 1342 km2 |
भूगोल
संपादन करींई कैमूर श्रेणी के बन सभ मे बाटे जेहमे ढेरे झरना आ पोखरा बाड़ऽसन।
मौसम
संपादन करींएहिजा घुमे खातिर अक्टूबर आ जून मास सभ से नीक बाटे।
पसु सभ
संपादन करींएहिजा भेटाए वाला मूख पसू बाघ, तेंदुआ, बराह (सुअर), रीछ (भालू), हरिन, चीतल, चहुँसींघा आउर नीलगाय बाड़ें। एहिजा सत्तर परकार के चिरई बरिसभर रहेलींसन।
एहिजा भेटाए वाला मूख चिरई मोर, पंडुक, बगेड़ी, कठफोड़वा, बुलबुल, धोबिन, कबुतर, उरुआ, चील, बाज आउर गिद्ध बाड़ीसन।