कोइरी
कोइरी एगो हिंदू जाति हवे जे भारत में बिहार, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश आ कुछ अन्य राज्य आ नेपाल में निवास करे ले। ई जाति के काफी लोग मॉरिशस में गिरमिटिया बनके गइल रहने। कोइरी लोगन के जातीय पेशा तरकारी के खेती होला। लगभग सभ कोइरी हिंदू धर्म के मानने अउर हिंदी, भोजपुरी आ अवधी बोलने। भारत के आजादी के बाद से ई समाज सामाजिक आ राजनीतिक तौर प बहुत तरक्की कइले। मॉरीशस देस के राष्ट्रपिता आ पहिलका प्रधानमंत्री शिवसागर रामगुलाम कोइरी समाज से रहने।
संदर्भ
संपादन करींई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |