कोमल झा (जनम 15 मार्च 1997) एगो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस आ लेखिका बाड़ी। झा के फिल्मी कैरियर दक्खिन भारतीय फिलिम इंडस्ट्री, मने कि तमिल, तेलुगु, कन्नड़ आ मलयालम सिनेमा में अस्थापित बा आ अब ई हिंदी सिनेमा यानी कि बॉलीवुड में कैरियर सुरू क रहल बाड़ी। पेशा से इंजीनियर रहल ई ऐक्ट्रेस अपना कैरियर के बदलाव खातिर जानल जा रहल बाड़ी।[1] चाइना सिनेमा नाँव के फिलिम में इनके रोल खाती इनके तारीफी मिलल बा।[2] एक्टिंग के अलावे कोमल झा स्टेज शो में हिस्सा ले ली,[3][4] आ कई ब्रांड सभ खाती परचार के बीडियो भी कइले बाड़ी,[5] एह सभ में से ज्यादातर दक्खिन भारत के बाड़ें।

कोमल झा
मिस्टर एमबीए के सेट पर झा
जनम (1997-03-15) 15 मार्च 1997 (उमिर 27)
राँची, बिहार, भारत ( अब झारखंड, भारत में)
निवासमुंबई, महाराष्ट्र, भारत
दुबई, यूएई
राष्ट्रीयताभारतीय
शिक्षाबी.ई. - सिविल
महतारी संस्थाMSRIT, बंगलौर
पेशासिविल इंजीनियर, ऐक्ट्रेस, लेखिका
सक्रियता साल2010–वर्तमान
रिश्तेदारएस. एन. झा (बाबूजी), भारती झा (महतारी)
वेबसाइटikomaljha.com

संदर्भ संपादन करीं

  1. "'Nimbe Huli' croses 80,000 Internet hits". News 18.
  2. "Komal Jha is a Narthaki in Chinna Cinema | 123telugu.com". www.123telugu.com. Retrieved 2016-05-06.
  3. "Actress performances at FNCC New Year eve Stills". telugu.zustcinema.com. Retrieved 2016-06-10.
  4. "Picture 638549 | Komal Jha @ FNCC New Year Gala 2014 Celebrations Photos | New Movie Posters". moviegalleri.net. Retrieved 2016-06-10.
  5. "Gozzip Corner Cafe Inauguration Photos – Events Gallery | Matineestars". matineestars.in. Archived from the original on 2016-07-09. Retrieved 2016-06-10.


बाहरी कड़ियां संपादन करीं