कोरोप्लेथ नक्शा

एक किसिम के नक्शा; थीमैटिक नक्शा के प्रकार

कोरोप्लेथ नक्शा (अंग्रेजी: choropleth map) एक किसिम के थीमैटिक नक्शा होला जेह में सांख्यिकीय आँकड़ा के एरिया वाइज अलग-अलग रंग (ह्यू), शेड चाहे पैटर्न से देखावल जाला। एह तरीका से कौनों भौगोलिक बिसेस्ता के ओभरआल बितरण के क्षेत्रवार देखावल जाला। एकर सहजोगी भा अइसने दूसर किसिम आइसोप्लेथ नक्शा होखे लें जे थीमैटिक मैप के दूसर किसिम के रूप में देखा सके लें। स्थानिक इकाई के भीतर कौनों भौगोलिक बिसेसता के कुल सारांश के अनुरूप रंग इकाई, जइसे कि जनसंख्या घनत्व भा प्रति व्यक्ति आय इत्यादि। कोरोप्लेथ आ आइसोप्लेथ दुनों रंग आधारित मैपिंग सिम्बोलॉजी तकनीक के इस्तेमाल से सांख्यिकीय डेटा के देखावे करे खातिर कइल जाला।

Dupin's 1826 map of literacy in France

नाँव संपादन करीं

कोरोप्लेथ नाँव दू गो ग्रीक शब्द से मिल के बने ला: कोरोस χῶρος (choros) जेकर मतलब एरिया भा क्षेत्र; प्लेथ πλῆθος (प्लेथोस) शब्द के मतलब होला भरल चाहे कौनों चीज के बहुलता multitude[1] - माने की क्षेत्र भाषा एरिया वाली इकाई सभ के कौनों रंग, शेड भा पैटर्न से भर के आँकड़ा आ मान देखावल जाला।[2]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Choropleth Map Definition | GIS Dictionary". support.esri.com (अमेरिकी अंग्रेजी में).
  2. "Choropleth Map - Learn about this chart and tools to create it". datavizcatalogue.com.