कोविड-19 बेमारी के लच्छन सभका में एक्के नियर ना पावल जा रहल बाड़ें बलुक एह में बहुते बिबिधता बाटे। बिना कौनों लच्छन के भा बहुत छोट-मोट समस्या होख्ले से ले के बहुत गम्हीर आ जानलेवा इस्थिति हो जाए ले के घटना देखे के मिलत बा। आम लच्छन सभ में कपार बथल, महक आ सवाद गायब हो जाइल, नाक जाम भइल, नाक बहल, खोंखी, छींक आवल, नरेटी काँट भइल, जर-बोखार आवल, पेट झरल आ साँस लेवे में तकलीफ भइल बाड़ें सभ।

बेसी कइ के, लगभग 81% लोगन में छोट-मोट लच्छन मिलत बाड़ें (हलका निमोनिया तक ले), एकरे बाद लगभग १४% लोगन में गम्हीर लच्छन जइसे कि हाइपोक्सिया (आक्सीजन के कमी) देखाई पड़त बा, बाकी 5% लोगन में लच्छन खतरनाक लेवल ले मिलल बाड़ें जेह में साँस लेवे के सिस्टम के फेल भइल, शॉक के स्थिति आ कोमा में गइल, एक्के साथे कई अंग सभ के फेल भइल शामिल बाड़ें।

दिसंबर 2021 में ओमिक्रॉन वेरिएंट अमेरिका में परमुख हो गऐल। ओमिक्रॉन वेरिएंट के लच्छन अन्य वेरिएंट की तुलना में कम गंभीर बा।