कोसी नदी
कोसी नदी तिब्बत, नेपाल आ भारत के बिहार राज्य में बहे वाली एक ठी नदी बा। ई गंगा के सहायक नदी ह आ कटिहार जिला में गंगाजी में मिल जाले।
कोसी | |
(सप्तकोसी) | |
नदी | |
भोटे कोसी सूखा के सीजन में, ई कोसी के एगो सहायिका नदी बा।
| |
देस | चीन, नेपाल, भारत |
---|---|
प्रदेश/क्षेत्र | तिब्बत, पूर्वांचल विकास क्षेत्र, नेपाल, उत्तर-बिचला भारत |
शहर | सुपौल, पुरनिया, कटिहार |
उदगम | सुन कोसी, अरुण आ तामुर मिल के सप्तकोसी बनावे लीं |
- लोकेशन | त्रिबेनी घाट, नेपाल |
मुहाना | गंगा |
- लोकेशन | कुरसेला के नगीच, बिहार, भारत |
लंबाई | 720 किमी (447 मील) |
थाला | 61,000 किमी2 (23,552 वर्ग मील) |
जलनिकास | |
- औसत | 6,981 m3/s (246,532 cu ft/s) monthly[1] |
गंगा आ सहायिका नदी सभ
|
कोसी के सप्तकोसी के नाँवों से जानल जाला जेवन एकरी ऊपरी सात गो धारा के कारन रखाइल नाँव बा। पानी के बहाव के हिसाब से कोसी, घाघरा आ यमुना के बाद गंगा के तीसरी सभसे बड़ सहायक नदी हवे। तराई में पहाड़ से उतरे के बाद ई नदी दुनिया के सभसे बड़ जलोढ़ पंखा बनावे ले। एह में आवे वाली भारी बाढ़ एकरा बेर-बेर रस्ता बदले के कारन एकरा के "बिहार के शोक" के रूप में जानल जाला।
कोसी नदी के कुल लंबाई 720 किमी (450 मील) बा आ एकरे थाला के कुल 74,500 किमी2 (28,800 वर्ग मील) एरिया तिब्बत में, नेपाल में, आ भारतीय राज्य बिहार में पड़े ला।[2][1]
भूगोल
संपादन करींकोसी नदी के थाला (बेसिन भा कैचमेंट एरिया) लगभग छह किसिम के भूबैग्यानिक आ जलवायु वाला बेल्ट सभ में बिस्तार लिहले बा; ऊँचाई 8,000 मी (26,000 फीट) से 95 मी (312 फीट) के बीचा में बाटे आ तिब्बत पठार, हिमालय, हिमालय के मझिली पहाड़ी, महाभारत श्रेणी, शिवालिक से होखत तराई वाला इलाका ले एकर फइलाव बाटे। दूध-कोसी बेसिन में अकेल्ले कुल 36 ग्लेशियर आ 296 ग्लेशियरी झील बाड़ी सऽ।[3]
नदी के बेसिन उत्तरी माथ पर त्सांग पो (ब्रह्मपुत्र) के बेसिन के साथे सीमा बनावे ला, पुरुब में महानंदा के बेसिन के साथे आ दक्खिन में गंगा आ पच्छिमी ओर गंडकी नदी के बेसिन के साथे एकरे बेसिन के बाडर बा; खुद ई गंगा नदी में मिले ले।[4] छतरा गार्ज के ऊपरी हिस्सा में एकर कुल आठ गो सहायिका धारा बाड़ी सऽ:[5]
- तामुर नदी, जेकर थाला 6,053 किमी2 (2,337 वर्ग मील) एरिया वाला पूरबी नेपाल में बा;
- अरुण नदी, के थाला 33,500 किमी2 (12,900 वर्ग मील) एरिया वाला तिब्बत में बा;
- सुन कोशी, 4,285 किमी2 (1,654 वर्ग मील) एरिया के थाला नेपाल में आ एकर सहायिका दूध कोसी, लिखु खोला, तामा कोशी, भोटे कोसी आ इंद्रावती नदी।
ऊपर बतावल तीनों प्रमुख धारा जहाँ मिले लीं ओकरा के त्रिबेनी कहल जाला आ इ नदी नेपाल के सबसे बडहन नदी बाटे। सातगो अलग अलग नदी मिलला से इ नदी के नाँव सप्त कोशी कहाला। चतरा गार्ज के बाद ई कोसी बराज ले बहे ले आ ओकरे बाद गंगा नदी के मैदान में परवेश करे ले। [5]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 Nayak, J. (1996). Sediment management of the Kosi River basin in Nepal. In: Walling, D. E. and B. W. Webb (eds.) Erosion and Sediment Yield: Global and Regional Perspectives. Proceedings of the Exeter Symposium July 1996. IAHS Publishing no. 236. Pp. 583–586.
- ↑ "Kosi Basin". Water Resources Information system of India. Retrieved 2016-04-07.
- ↑ Bajracharya, S. R., Mool, P. K., Shrestha, B. R. (2007). Impact of climate change on Himalayan glaciers and glacial lakes: case studies on GLOF and associated hazards in Nepal and Bhutan. International Centre for Integrated Mountain Development (ICIMOD).
- ↑ Jain, S. K.; Agarwal, P. K.; Singh, V. P. (2007). Hydrology and water resources of India. Dordrecht: Springer. pp. 358–359. ISBN 978-1-4020-5179-1.
- ↑ 5.0 5.1 Nepal, S. (2012). Evaluating upstream downstream linkages of Hydrological Dynamics in the Himalayan Region. Dissertation, Faculty of Chemical and Earth Sciences of the Friedrich-Schiller-University Jena.