खसरा भा मीसल्स एक तरह के रोग होला जे वायरस द्वारा होला। एह में सुरुआत में सर्दी, नाक बहल, बोखार होला। उचित इलाज न होखे पर ई जानलेवा भी हो सके ला।

एक ठो बच्चा के देह पर लाल चकत्ता
खसरा से प्रभावित एक ठो लरिका

आधुनिक समय में खसरा के टीका के बिकास के कारण एह बेमारी के प्रकोप बहुत कम हो गइल बा आ कम बिकसित इलाका में ई बेमारी सीमित बा। तब पर भी दुनिया में ई एक ठो महामारी के रूप में देखल जाला।