खोक्सी (अंग्रेजी: Khoksi) नेपाल के सगरमाथा अंचल के सिराहा जिला के एक गाव बाटे। य गाव काठमाण्डु स दक्क्षिणपूरब 158 किलोमिटर (98 माईल) हवाई मार्गके दुरीमे ह। ईहाँ कथवनियाँ, कोईरी, मुस्लिम, अमात, दुसाध, चमार, मलाह, तेली, धोबी आदि जातजातिके आदमी वसोवास करेला। ईहा गाउँ चौक, सब्जी मण्डी आ उमेश टोल क के तीन भाग मे बटल बा। ईहाँ अस्पताल, स्कुल आ वार्ड कार्यालय बाडे। पुलिस चौकी खातिर स्थानीय गाँव के लोग सभ मिलके जमीन खरीद कर के मकान के कुर्सी तक के काम पूरा कके छोड़ दिहले ह। ई गाँव के उत्तर आ पश्चिम मे त्रिशुला नदी पुरब मे जानकीनगर आ दक्खिन मे गरगम्मा गाँव आ नेपाल तथा भारत के अन्तर्राष्ट्रिय सीमा रहल ह। ई गाँव के बीच होके हुलाकी राजमार्ग गइल ह। इहाँ ऐतवार तथा गुरुवार हटिया लागत बाटे।[1]

खोक्सी
Khoksi
देश नेपाल
प्रदेशप्रदेश संख्या २
जिलासिराहा जिला
Population
 • Total2,166
Websitewww.ddcsiraha.gov.np

यातायात संपादन करीं

इहाँ होके लहान तथा सिराहा तक लोकल बस जाला । हाट बजार खातिर सिटी रिक्सा तथा टेम्पु भी पायल जाला। इहाँ से सुबह मे दिवा सेवा सिंधुली होके काठमांडू तक छोटका सबारी तथा शाममे रात्री सेवा बस हेटौंडा होके काठमांडू तक जाला ।

व्यवसाय संपादन करीं

इहाँ के अधिकतर लोग कृषि से जुड़ल बाडे ।

जनसंख्या संपादन करीं

इहा के341 घर मे 1,085 मर्दाना आ 1,081 औरत कूल मिलाकर 2,166 बाटे 2011 जनगनना पर आधारित Archived 2018-02-07 at the Wayback Machine

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं