गणना (अंग्रेजी: calculation, कैलकुलेशन) गणितीय क्रिया हवे जे एक किसिम के इनपुट के दुसरे किसिम के आउटपुट में बदल देवे ला। गणना भा कैलकुलेशन के सभसे आम चीज जोड़, घटाना, गुणाभाग बाड़ें; जिनहन के बेसिक मैथेमेटिकल ऑपरेशन कहल जाला। एकरे अलावा, वर्ग कइल, वर्गमूल निकालल वगैरह गणना के बिधी बाड़ी स।