गरेना फ्री फायर जेकरा खाली भर फ्री फायर के नाँव से भी जानल जाला, मोबाइल पर खेलल जाए वाला एगो मल्टीप्लेयर, ऑनलाइन, बैटल रोयाल गेम बाटे। ई गेम 111डॉट्स स्टूडियो द्वारा बिकसित कइल आ गरेना द्वारा बितरण कइल जाए वाला गेम हवे जेकरा पोपुलारिटी के चलते गूगल प्ले द्वारा 2019 में एकरा के बेस्ट पॉपुलर वोट गेम के पुरस्कार दिहल गइल काहें से की ई 2019 में सभसे बेसी डाउनलोड कइल जाए वाला गेम रहल। ई एंड्राॅइड आ आइओएस दुनों मोबाइल ऑपरेटिंग सिस्टम खातिर उपलब्ध बाटे।

Free Fire
डेवलपर 111डॉट्स स्टूडियो
पब्लिशर गरेना
गेम इंजन युनिटी गेम इंजन
प्लेटफार्म एंड्रॉइड,
आइओएस
रिलीज 30 सितंबर 2017 (बीटा)
जेनरे बैटल रोयाल गेम
मोड मल्टीप्लेयर

गरेना एकर नया वर्शन ले आवे के तइयारी में बा जेकर नाँव फ्री फायर मैक्स होखी।[1]

संदर्भसंपादन

  1. Bald, Cameron. "Garena to release Free Fire Max, an enhanced version of its hit battle royale game". www.pocketgamer.com (English में). पहुँचतिथी 23 April 2020.