गार्डन नदी
गार्डन या गार्ड नदी (अंग्रेजी: Gardon; फ्रेंच: Gardon, Gard) दक्खिनी फ्रांस में बहे वाली एक ठो नदी बा। एकर नाँव फ्रांसीसी डिपार्टमेंट (एगो जिला नियर इकाई) गार्ड के नाँव पर पड़ल बाटे आ एकर कई ठे सहायिका नद्दी सभ के भी गार्डन कहल जाला।
गार्डन Gardon | |
---|---|
लोकेशन | |
भौतिक लच्छन सभ | |
Source | |
- location | en:Cévennes |
मुहाना | |
- location | रोन |
लंबाई | 133 किमी (83 मील) |
थाला के साइज | 2,200 किमी2 (850 वर्ग मील) |
Discharge | |
- average | 32 m3/s (1,100 cu ft/s) |
थाला लच्छन | |
प्रोग्रेसन | रोन नदी→ भूमध्य सागर |
गार्डन नदी 133 किलोमीटर (83 मील) लंबी बाटे अगर एकरा सहायिका "Gardon de Saint-Jean" के शामिल कइल जाय। ई नदी en:Cévennes के पहाड़ से निकल के रोन नदी में जा के गिरे ले (दहिने से मिले वाली सहायिका)।
बिसेसता
संपादन करींरोमन एक्वाडक्ट पोंट डु गार्ड आ 16वीं-सदी के पोंट सेंट निकोलस, ई दू गो इतिहासी पुल एह नदी पर बनल बाटें।
बाढ़
संपादन करींसितंबर 2002 आ फिर दिसंबर 2003 में, गार्डन नदी में रिकार्ड तूर देवे वाली बाढ़ देखे के मिलल आ एकरा कारन एह नदी पर बनल कई गो पुल सभ के नोकसान भइल। एह में पोंट सेंट निकोलस के पुल भी शामिल बा, बाद में एकरा मरम्मत कर दिहल गइल। ओकरे बाद अभिन ले कौनों बिसाल बाढि नइखे आइल।
बाहरी कड़ी
संपादन करीं- फ्रांस के जियोपोर्टल (फ्रेंच में)
- The Gardon at the Sandre database (फ्रेंच में)
- Regordane Info - The independent portal for the Regordane Way or St Gilles Trail. The Regordane Way runs alongside the Gardon River from Ners south-eastwards (अंग्रेजी में) (फ्रेंच में)
विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Gardon पर मौजूद बा। |