गुरुद्वारा शीशगंज साहिब

दिल्ली में एगो गुरुद्वारा, एहिजे 9वाँ गुरु तेग बहादुर शहीद भइलें, गुरुद्वारा 1783 में बनल

गुरुद्वारा शीश गंज साहिब भारत के राजधानी दिल्ली में चाँदनी चौक इलाका में एगो परसिद्ध गुरुद्वारा बाटे। ई इतिहासी गुरुद्वारा ओह अस्थान के निशानी बाटे जहाँ 11 नवंबर 1675 के बादशाह औरंगजेब, नउवाँ सिख गुरू तेग बहादुर के इस्लाम ना स्वीकार करे खातिर मरवा दिहले रहलें।[1] एकर अस्थापना 1783 में बघेल सिंह द्वारा कइल गइल। बघेल सिंह शाह आलम दूसरा के समय में दिल्ली पर सेना ले के चढ़ाई कइलें आ लाल किला के दीवाने आम पर कब्ज़ा कर लिहलें। एकरे बाद भइल समझौता के बाद ऊ दिल्ली में गुरु तेग बहादुर के निशानी के रूप में ई गुरुद्वारा बनववलें।

गुरुद्वारा शीशगंज साहिब
गुरुद्वारा के भवन
गुरुद्वारा शीशगंज साहिब is located in Delhi
गुरुद्वारा शीशगंज साहिब
Delhi में लोकेशन
बेसिक जानकारी
लोकेशनचाँदनी चौक, दिल्ली, भारत
अक्षांस-देशांतर28°39′21″N 77°13′57″E / 28.6558°N 77.2325°E / 28.6558; 77.2325निर्देशांक: 28°39′21″N 77°13′57″E / 28.6558°N 77.2325°E / 28.6558; 77.2325
धर्म/मतसिख धर्म
देसभारत
साल1930
Founderबघेल सिंह
Gurdwara Sri Guru Sis Ganj Sahib in Chandni Chowk
View of the front of the Darbar Sahib or Prayer Hall showing the Palki housing the Guru Granth Sahib.

एकर वर्तमान बिल्डिंग सन् 1930 में बनल।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Gurbachan Singh Talib (Ed.) (1976). Guru Tegh Bahadur: background and the supreme sacrifice. Punjabi University.