गुलाब जामुन भा लाल मोहन एगो उत्तर भारतीय मिठाई हवे जे दूध पावडर, खोवा आ चीनी के चाशनी से बनावल जाले। ललछाहूँ भूअर भा कत्थई रंग के गोली नियर ई मिठाई चीनी के चाशनी में बूड़ल रहे ले आ सजावट खातिर केसर भा बादाम के कतरन के छिड़काव कइल जाला। एकर एगो रूप, जे रंग में करिया आ ढेर क्रिस्पी होला, काला जामुन भा काला जाम कहाला।

गुलाब जामुन
पलेट में सजा के रखल गुलाब जामुन
दूसर नाँवगुलाब जामुन, लाल मोहन (नेपाल/बिहार),
गुलाबजामुन भा गुलापजामुन (पूरबी भारत, बांग्लादेस)
खाए के समयमिठाई
उत्पत्ती अस्थानभारतीय उपमहादीप
क्षेत्रभारतीय उपमहादीप, मॉरिशस, फिजी, दक्खिनी आ पूरबी अफिरका, कैरिबियन आ मलय प्रायदीप
परोसे के तापगरम, ठंढा भा आम तापमान पर
मुख्य सामग्रीदूध पावडर, खोवा, केसर, इलायची
बिबिध रूपकाला जाम
गुलाब जामुन, रसगुल्ला