चंपारण मीट, जेकरा के अहुना, हांडी मीट अथवा बटलोही भी कहल जाला, बिहार के जिला चंपारण से निकले वाला पकवान हवे। मीट, मने की मांस के सरसों के तेल अउरी घीव, लहसुन, पियाज, अदरक के मिलजुल पीसल मसाला के पेस्ट के संगे मैरीनेट कईल जाला। माटी क हांड़ी में पाके खाती चढ़ा दिहल जाला आ ओकरा बाद ओकर मुँह गूंथल आटा से नीक से सील कइल जाला। एकरा के लकड़ी के आग के मद्धिम आँच प लहे-लहे पकावल जाला आ खाना बनावे के दौरान लगातार हिलकोरल जाला। सवाद आ खाना बनावे के समय एह बात प निर्भर करेला की मांस कईसन बाटे।

चंपारण मीट
दूसर नाँवअहुना, हांडी मीट, बटलोही
खाए के समयमुख्य खाना
उत्पत्ती अस्थानभारत
क्षेत्रचंपारण, बिहार
परोसे के तापHot
मुख्य सामग्रीचिकन, मटन आ भारतीय मसाला
आमतौर पर इस्तेमाल सामग्रीघीव, सरसों क तेल, दही, प्याज, अदरक, सूखा फल
बिबिध रूपकईयन ठे
अइसन अउरी पकवानमटन करी, चिकन करी

सनर्भ संपादन करीं