चमेली (अंग्रेजी: Jasmine; यास्मिन भा जैस्मिन) पौधा सभ के ओलिएसिए परिवार[5] के भीतर सामिल एगो झांग (shrub) भा लता वाली जाति हवे। एह जाति में करीबन 200 किसिम के प्रजाति सामिल बाड़ीं आ ई यूरेशिया, अफिरका आ ओशेनिया के गरम आ टेम्परेट इलाका सभ में पावल जालीं जहाँ के ई मूल प्रजाति हईं। जैस्मिन भा यास्मीन के ब्यापक तरीका से उगावल जाला काहें से कि एकरा से सुगंधित चीज बनावल जाली स; एकरे अलावा ई बागबानी के पौधा भी हवे। चमेली के सुगंध के इस्तेमाल कई किसिम के दवा-बीरो आ सुंदरता बढ़ावे वाला कॉस्मेटिक सामान सभ के बनावे में कइल जाला।

Automatic taxobox help
Thanks for creating an automatic taxobox. We don't know the taxonomy of "Jasminum".
  • Is "Jasminum" the scientific name of your taxon? If you were editing the page "Animal", you'd need to specify |taxon=Animalia. If you've changed this, press "Preview" to update this message.
  • Click here to enter the taxonomic details for "Jasminum".
Common parameters
  • |authority= Who described the taxon
  • |parent authority= Who described the next taxon up the list
  • |display parents=4 force the display of (e.g.) 4 parent taxa
  • |display children= Display any subdivisions already in Wikipedia's database (e.g. genera within a family)
Helpful links
चमेली
Jasminum officinale, common jasmine
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
Unrecognized taxon (fix): Jasminum
टाइप प्रजाति
Jasminum officinale
Species

More than 200, see List of Jasminum species[1][2][3]

अउरी दूसर नाँव[4]
  • Mogorium Juss.
  • Noldeanthus Knobl.
  • Nyctanthos St.-Lag.
सबसे आम पावल जाए वाली चमेली

एकरा अलावा कई ठे पौधा अइसनो बाड़ें जिनहन के नाँव में जैसमिन आवे ला बाकी ऊ एकदम्मे अलग किसिम के प्रजाति हवें आ एह पौधा से कौनों बनस्पति बैज्ञानिक जुड़ाव ना हवे।

फूल संपादन करीं

आमतौर पर फूल सभ के गोलाई के डाया लगभग 2.5 सेमी (0.98 इंच) होला। ई सफेद भा पीयर रंग के होलें, हालाँकि, दुर्लभ दसा में ई हल्का लाल रंग के हो सके लें। फूल साइमोज समूह में बोरल होलें जिनहन में कम से कम तीन गो फूल होलें, हालाँकि ई डाढ़ के छोर पर भी सिंगल हो सके लें। हर फूल में लगभग चार से नौ गो पंखुड़ी, दू गो लोकल आ एक से चार गो अंडाशय होलें। इनहन में दू गो पुंकेसर होलें जिनहन के फिलामेंट बहुत छोट होला। ब्रैक्ट सीधा लाइन मतिन भा अंडाकार होला। कैलिक्स घंटी के आकार के होला। आमतौर पर ई बहुत गमकदार होखे लें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Jasminum". Index Nominum Genericorum. International Association for Plant Taxonomy. Retrieved 2008-06-03.
  2. "10. Jasminum Linnaeus". Chinese Plant Names. 15: 307. Retrieved 2008-06-03.
  3. टेम्पलेट:UniProt Taxonomy
  4. "Tacca J.R.Forst. & G.Forst". Plants of the World Online. Royal Botanic Gardens, Kew. 2023. Retrieved 25 March 2023.
  5. "Jasminum L." World Flora Online. World Flora Consortium. 2023. Retrieved 25 March 2023.