चेक गणराज्य के राष्ट्रीय लाइब्रेरी
चेक गणराज्य के राष्ट्रीय लाइब्रेरी (चेक: Národní knihovna České republiky) चेक रिपब्लिक के सेंट्रल लाइब्रेरी बाटे। ई उहाँ के संस्कृति मंत्रालय के अधीन बाटेल लाइब्रेरी के मेन बिल्डिंग प्राग के क्लेमेंटियम में बा जहाँ एह पुस्तकालय के आधा कितब सभ रखल बाड़ी। बाकी आधा हिस्सा होस्तिव्र डिस्ट्रिक्ट में रखल बाटे।[3] ई चेक रिपब्लिक के सभसे बड़हन लाइब्रेरी बाटे फंड के मामिला में आ इहाँ लगभग 60 लाख आइटम रखल बाटे। एह लाइब्रेरी के लगभग 60,000 रजिस्टर्ड पाठक लोग बा। चेक भाषा के सामग्री के आलावा इहाँ तुर्की ईरान आ भारत से ले आइल सामग्री भी रखल बाटे।[4] ई प्राग के चार्ल्स विश्वविद्यालय खातिर किताब भण्डार के काम भी करे ले।[5]
![]() चेक गणराज्य के राष्ट्रीय लाइब्रेरी में बारूक हाल | |
Country | चेक रिपब्लिक |
---|---|
Type | नेशनल लाइब्रेरी |
Established | 1777 |
Location | क्लेमेंटियम, प्राग |
Coordinates | 50°5′14.62″N 14°25′2.58″E / 50.0873944°N 14.4173833°Eनिर्देशांक: 50°5′14.62″N 14°25′2.58″E / 50.0873944°N 14.4173833°E |
Collection | |
Size |
6,919,075 total items[1] c. 4,200 incunabula[2] |
Other information | |
Director | Tomáš Böhm[1] |
Website | www.nkp.cz |
एह लाइब्रेरी के अंतर्राष्ट्रीय पहिचान 2005 में मिलल जब ई यूनेस्को के मेमोरी ऑफ दि वल्ड प्रोग्राम के तहत जिकिजी पुरस्कार पवलस। ई पुरस्कार पुरान सामग्री के डिजिटाइज करे खातिर मिलल।[6][7] ई प्रोजेक्ट, जवन 1992 में शुरू भइल अपने शुरुआत के 13 बरिस में लगभग 1700 आइटम के डिजिटाइज करे में सफलता पावल।[4]
संदर्भसंपादन
- ↑ 1.0 1.1 1.2 Národní knihovna České republiky: Výroční zpráva 2013. 2014. ISBN 978-80-7050-633-2.
- ↑ "Incunabula". www.nlp.cz. National Library of the Czech Republic. पहुँचतिथी 29 जून 2014.
- ↑ "Need for new library intensifies". The Prague Post. 28 मई 2008. पहुँचतिथी 16 जनवरी 2016.
- ↑ 4.0 4.1 "National Library's rare prints and manuscripts at the click of a mouse". Radio Prague. 24 November 2005. पहुँचतिथी 8 मई 2014.
- ↑ Tucker, Aviezer (18–24 फरवरी 2009). "Opinion" (PDF). The Prague Post. Prague. प. A4. पहुँचतिथी 16 जनवरी 2016.
- ↑ "National Library wins UNESCO award for pioneering digitisation work". Radio Prague. 7 September 2005. पहुँचतिथी 16 जनवरी 2016.
- ↑ "2005 - The National Library of the Czech Republic". UNESCO. पहुँचतिथी 9 मई 2014.