चेन्नई सुपर किंग्स

चेन्नई में स्थित आईपीएल फ्रेंचाइजी

चेन्नई सुपर किंग्स (CSK) भारत के तमिलनाडु के चेन्नई में स्थित एगो भारतीय प्रीमियर लीग (IPL) फ्रेंचाइजी क्रिकेट टीम बाटे। 2008 में स्थापित ई टीम आपन घरेलू मैच चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में खेलेले। एह टीम के मालिकाना हक चेन्नई सुपर किंग्स क्रिकेट लिमिटेड होल्डिंग कंपनी के माध्यम से इंडिया सीमेंट्स लिमिटेड के लगे बा। 2013 के आईपीएल सट्टेबाजी केस में मालिक लोग के शामिल होखे के कारण ई टीम जुलाई 2015 से शुरू होखे वाला आईपीएल से दू साल खातिर सस्पेंड क दिहल गइल रहे,[1] आ 2018 के वापसी सीजन में ई खिताब जीत लिहलस। टीम के कप्तान एमएस धोनी आ कोचिंग स्टीफन फ्लेमिंग बाड़ें। जनवरी 2022 में सीएसके भारत के पहिला यूनिकॉर्न खेल उद्यम बनल।[2]

चेन्नई सुपर किंग्स
Leagueइंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल)
Personnel
Captainएमएस धोनी
Coachस्टीफेन फ्लेमिंग
Ownerएन. श्रीनिवासन
Managerरसेल राधाकृष्णन
Team information
Cityचेन्नई, तमिलनाडु, भारत
Founded2008; 16 years ago (2008)
Home groundएम. ए. चिदंबरम स्टेडियम, चेन्नई
Capacity50,000
History
आईपीएल wins4 (2010, 2011, 2018, 2021)
चैंपियंस लीग ट्वेंटी20 wins2 (2010, 2014)
Official websitechennaisuperkings.com

T20 kit

सुपर किंग्स चार बेर (2010, 2011, 2018, आ 2021 में) आईपीएल के खिताब जीत चुकल बा, आ आईपीएल के सगरी टीम सभ में मैच सभ में जीत के प्रतिशत सभसे ढेर (58.98%) बाटे।[3] आईपीएल के प्लेऑफ (एगारह) आ फाइनल (नौ) में सबले बेसी मैच खेले के रिकार्ड एह लोग का लगे बा।[4]

एकरे अलावा 2010 आ 2014 में चैंपियंस लीग टी-20 भी जीत चुकल बा। 2019 में सुपर किंग्स के ब्रांड वैल्यू लगभग ₹732 करोड़ (लगभग $104 मिलियन) के होखे के अनुमान लगावल गइल बा), जवना से ई आईपीएल के सबसे कीमती फ्रेंचाइजी में से एगो बन गइल बा।

  1. "CSK, RR owners suspended for two years". ESPNCricinfo.com. 14 जुलाई 2015.
  2. "Chennai Super Kings Becomes India's First Unicorn Sports Enterprise; Surpasses Market Cap of Parent Entity". www.news18.com (अंग्रेजी में). Retrieved 31 जनवरी 2022.
  3. "Indian T20 League / Records / Result summary". ESPNcricinfo. Retrieved 3 जून 2014.
  4. "IPL 2020 playoffs race: Dhoni's Chennai Super Kings out of playoff race for the first time". Sportstar. Retrieved 27 October 2020.

बाहरी कड़ी

संपादन करीं