चौखंडी स्तूप
चौखंडी स्तूप भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के बनारस शहर के नगीचे परसिद्ध बौद्ध तीरथ सारनाथ में एगो बौद्ध स्तूप बा। गुप्त काल (लगभग चउथी-पाँचवी सदी) में बनल ई स्तूप ओह अस्थान के चीन्हा के रूप में बनावल गइल हवे जहाँ गौतम बुद्ध के भेंट पहिला पाँच गो शिष्य लोग से भइल, जिन्हन लोग के ऊ सारनाथ में आपन पहिला उपदेश दिहलें।
चौखंडी स्तूप | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | भारत |
अक्षांस-देशांतर | 25°22′27″N 83°01′25″E / 25.374102°N 83.023658°Eनिर्देशांक: 25°22′27″N 83°01′25″E / 25.374102°N 83.023658°E |
धर्म/मत | बौद्ध |
मुयुनिसिपैलिटी | सारनाथ |
District | बनारस |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
देस | भारत |
स्टेटस | संरक्षित |
बिसेस लच्छन | |
मिनारा | 1 |
मटेरियल | ईंटा |
स्तूप, सारनाथ के मुख्य खोदाई स्थल से दक्खिन ओर मौजूद बा आ ई चौकोर चबूतरा सभ के तीन गो मंजिल के रूप में बनल रहे। वर्तमान में एकरे ऊपरी हिस्सा में अठकोनी बुर्जी बा जे बाद के जमाना के निर्माण हवे।
इतिहास
संपादन करींचौखंडी स्तूप के निर्माण, अनुमान अनुसार गुप्त काल में, लगभग पाँचवी सदी[1] में भइल। एकरे ऊपरी हिस्सा में बनल आठ कोन के बुर्जी के बारे में बतावल जाला कि ई राजा टोडरमल के लइका, गोबर्धन द्वारा बनवावल गइल हवे।[2] गोबर्धन अकबर के जमाना में एह इलाका के गवर्नर रहलें आ 1588 में एह बुर्जी के निर्माण करवलें, एह जगह पर लिखल एकठो बिबरन के मोताबिक हुमायूँ के एह जगह आवे के यादगार के रूप में ई बुर्जी बनवावल गइल।[2]
बिबरन
संपादन करींचौखंडी स्तूप, बनारस के ओर से सारनाथ जाए पर, रस्ता में पहिला बौद्ध स्मारक पड़े ला।[3] ई ईंटा क बनल एगो स्तूप हवे जे सारनाथ के मुख्य खोदाई स्थल से दक्खिन में मौजूद बा। चौकोन आकार के ई स्तूप देखे में तीन-तल्ला बुझाला हालाँकि ढह जाए के कारन तीनों मंजिल के बिभेद साफ-साफ ना पता चले ला। उत्तर ओर तीन गो लेवल साफ-साफ़ देखाई पड़े लें आ पूरबी हिस्सा के ओर से इनहन ले चहुँपे वाली सीढ़ीदार रचना भी मौजूद बा। ऊपरी हिस्सा गोलाई लिहले ढूह के आकार में बा जेकरे ऊपर बीचोबीच में आठ कोण के बुर्जी बनल बा।
स्तूप के चौहद्दी के गेट पर लागल बिबरन के मोताबिक एकर कुल ऊँचाई लगभग 93 फीट बाटे।
गैलरी
संपादन करीं-
स्तूप के चबुतरा के देवाल
-
चबुतरा के देवाल के नजदीकी से लिहल फोटो
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Lonely Planet (1 August 2014). Great Journeys: Travel the World's Most Spectacular Routes. Lonely Planet Publications. pp. 277–. ISBN 978-1-74360-593-6.
- ↑ 2.0 2.1 N. S. Ramaswami (December 1971). Indian Monuments. Abhinav Publications. pp. 106–. ISBN 978-0-89684-091-1.
- ↑ Aruna Deshpande (1 November 2013). Buddhist India Rediscovered. Jaico Publishing House. pp. 49–. ISBN 978-81-8495-247-6.
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Chaukhandi Stupa पर मौजूद बा। |
- चौखंडी स्तूप Archived 2019-06-02 at the Wayback Machine, उत्तर प्रदेश पर्यटन बिभाग के वेबसाइट पर।