चौरंगी
चौरंगी (अंगरेजी: Chowringhee चाहे Chourangi ) भारत के पश्चिम बंगाल राज्य के कलकत्ता शहर में मध्य कोलकाता डिस्ट्रिक्ट के एगो मोहल्ला बाटे। चौरंगी रोड (आधिकारिक रूप से जवाहरलाल नेहरू रोड) एकरे भीतर पूरुब-पच्छिमी ओर पड़े ला। इतिहासी महत्त्व वाला ई इलाका एगो बिजनेस डिस्ट्रिक्ट हवे[1] आ साथे-साथ खरीददार लोग के डेस्टीनेशन आ मनोरंजन-होटल सेंटर भी बा।
Chowringhee | |
---|---|
Neighbourhood in Kolkata (Calcutta) | |
![]() Metropolitan Building near Chowringhee, Kolkata | |
![]() Location of Chowringhee in Kolkata | |
Coordinates: 23°48′N 88°15′E / 23.8°N 88.25°Eनिर्देशांक: 23°48′N 88°15′E / 23.8°N 88.25°E | |
Country |
![]() |
State | West Bengal |
City | Kolkata |
District | Kolkata |
KMC wards | 46, 63 |
Metro Station | Esplanade, Park Street, Maidan and Rabindra Sadan |
Kolkata Suburban Railway | Eden Gardens, Sealdah, Park Circus |
Elevation | 36 ft (11 m) |
Population (2001) | |
• Total | 159,917 |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
PIN |
700013, 700016, 700071, 700087 |
Area code(s) | +91 33 |
Lok Sabha constituency | Kolkata Uttar and Kolkata Dakshin |
Vidhan Sabha constituency | Chowranghee and Bhabanipur |
नाँवसंपादन
चौरंगी के नाँव के उत्पत्ती के बारे में शब्दशात्री लोगन के कुछ ना मालूम बाटे आ ई ओह लोगन खातिर बुझौनी बा। हालाँकि लोकल लोग के हिसाब से ई नाँव एगो नाथ संप्रदाय के जोगी बाबा चौरंगीनाथ के नाँव पर पड़ल बतावल जाला जे जमीन के भीतर से काली जी के मूर्ती पवलें आ पहिला कालीघाट मंदिर के अस्थापना कइलें।[2]
इतिहाससंपादन
गाँवसंपादन
सतरहवीं सदी में भा एकरे पहिले के इलाका में जहाँ अब मैदान आ एस्प्लानेड के इलाका बाटे, बाघ सभ से भरल जंगल रहल। एकरा पूरब छोर पर एगो पुरान सड़क रहे, जवन कबो सबरना राय चौधरी परिवार द्वारा बरिशा से हलीसहर तक बनवावल गइल रहे। ओह क्षेत्र में तीन गो छोट-छोट बस्ती रहे – चौरंगी, बिर्जी आ कोलिम्बा।[3]
शहरीकरणसंपादन
प्लासी के लड़ाई में इनहन लोग के जीत के बाद ब्रिटिश सत्ता के मजबूती भइल आ नया फोर्ट विलियम के निर्माण 1758 में भइल। कालिकाता के यूरोपीय निवासी लोग धीरे-धीरे पुरान पालिसेड सभ के सकेत सीमा के छोड़ दिहल आ मैदान के आसपास आ गइल।[4]
मोहल्लासंपादन
पार्क स्ट्रीट से सर्कुलर रोड ले चले वाली कामाक स्ट्रीट (Camac Street, नाम बदल के अबनींद्रनाथ टैगोर सरनी) के नाँव कॉर्नवालिस आ वेल्सली के जमाना में एगो वरिष्ठ व्यापारी विलियम कामाक के नाँव पर रखल गइल। वुड स्ट्रीट के नाँव हेनरी वुड के नाँव पर रखल गइल। फ्री स्कूल स्ट्रीट (जेकर नाँव बदल के मिर्जा गालिब स्ट्रीट रखल गइल), जेकर नाँव 1786 में ओहिजा स्थापित एगो फ्री स्कूल के नाँव पर रखल गइल, 1780 में बांस के जंगल रहल।
नया नाँवसंपादन
भारत के आजादी के बाद गली सड़क सभ के नाम बदले के हड़बड़ी देखाई देलस। ई प्रक्रिया धीमा हो गइल बा काहे कि कुछ गली के नाम बदले के बाचल बा। भारत के पहिला प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के नाम प चौरंगी रोड के नाम बदल दिहल गईल। पार्क स्ट्रीट के नाम बदल के मदर टेरेसा के नाम प रखल गईल। थियेटर रोड के नाँव बदल के विलियम शेक्सपियर के नाँव पर रखल गइल। हैरिंगटन स्ट्रीट के नाँव बदल के वियतनाम के आजादी आंदोलन के नेता हो ची मिन्ह के नाँव पर रखल गइल। महान कलाकार अबनींद्रनाथ टैगोर के नाम पर कामाक स्ट्रीट के नाम बदल दिहल गइल बा. उद्योगपति आनंदी लाल पोद्दार के नाम पर रसेल स्ट्रीट के नाम बदल दिहल गइल. फ्री स्कूल स्ट्रीट के नाम बदल के उर्दू/ फारसी कवि मिर्जा गालिब के नाम पर रखल गइल। काइड स्ट्रीट के नाम बदल के डॉ. एमडी इशाक रोड रख दिहल गइल। लिंडसे स्ट्रीट के नाम बदल के नेल्ली सेनगुप्ता के नाम प रखल गईल।
भूगोलसंपादन
पार्क स्ट्रीट फ्लाईओवर के उद्घाटन 19 फरवरी 2005 के भइल। चौरंगी रोड के ऊपर 1.3 किलोमीटर (0.81 मील) लंबा फ्लाईओवर लिंडसे स्ट्रीट आ मिडलटन स्ट्रीट के बीच के जाम के कम करे में मदद करे ला।[5]
रचनात्मक काम मेंसंपादन
चौरंगी के नाँव से संकर के एगो उपन्यास 1962 में छपल आ एही उपन्यास पर पिनाकी भूषण मुखर्जी 1968 में एगो फिलिम बनवले जेह में सुप्रिया देवी आ उत्तम कुमार मुख्य भूमिका में रहल लोग। उपन्यास आ फिलिम दुनो अपना समय में हिट रहलें।
1981 में अपर्णा सेन एगो फिलिम लिखली आ निर्देशित कइली, 36 चौरंगी लेन, जवना में एगो बुजुर्ग एंग्लो-इंडियन स्कूल टीचर के बारे में बतावल गइल बा जे एह मोहल्ला के सिंगल रूम के फ्लैट में अकेला जिनिगी जियत बा।[6]
गैलरीसंपादन
Industry House on Abanindranath Tagore Sarani
Pantaloon outlet on Abanindranath Tagore Sarani
St. Thomas Church adjacent to Loreto House on Middleton Row
KFC outlet on Middleton Row
संदर्भसंपादन
- ↑ "Tax lawyer is CPM candidate for Chowringhee seat". The Hindu Business Line, 18 February 2006. Retrieved 16 January 2008.
- ↑ Nair, P. Thankappan in The Growth and Development of Old Calcutta, in Calcutta, the Living City, Vol. I, edited by Sukanta Chaudhuri, pp. 14-15, Oxford University Press, ISBN 978-0-19-563696-3.
- ↑ Cotton, H.E.A., Calcutta Old and New, 1909/1980, p. 19, General Printers and Publishers Pvt. Ltd.
- ↑ Cotton, H.E.A., p. 72.
- ↑ "Park Street Flyover".
- ↑ "36 Chowringhee Lane (1981)". imdb.com. Retrieved 16 January 2008.