जनजाति भा ट्राइब (अंग्रेजी: tribe) मनुष्य के सामाजिक समूह सभ के कुछ श्रेणी (कटेगरी) खातिर बिबिध संदर्भ सभ में इस्तेमाल होखे वाला शब्द (टर्म) हवे। आमतौर पर ब्यापक रूप से अंग्रेजी में जनरल तौर प आ मानवशास्त्र (एंथ्रोपोलॉजी) में ट्राइब शब्द के टेक्निकल इस्तेमाल होखे ला। एकर सटीक परिभाषा बहुत बिबादित बा जेकर कुछ कारन नातेदारी आ सामाजिक ढाँचा के सैद्धांतिक समझ बाटे जबकि कुछ दशा में बहुते बिबिधता वाला मानव समाज सभ के खातिर एकरे इस्तेमाल से जुडल बा। मानवशास्त्री लोग एकरा के नातेदारी (किनशिप) समूह से अलग क के देखे ला, बंस (क्लान) से बड़हन समूह के रूप में देखे ला, आ चीफ़डमनेशन (राष्ट्र) भा राज्य (स्टेट) से छोट इकाई के रूप में देखे ला। ई सगरी टर्म सभ बिबादित हवें।

कुछ दसा में जनजातीय लोगन के कानूनी पहिचान सुनिश्चित होला आ कुछ हद तक ले राजनीतिक खुदशासिता मिलल हो सके ला। हालाँकि, सरकारी भा कानूनी चिन्हित करे के तरीका मानवशास्त्रीय परिभाषा सभ के साथे बिसंगती वाला भी हो सके ला।

भारत में सामाजिक-राजनीतिक रूप से जनजाति सभ के आदिवासी कहि के बोलावल जाला आ एह शब्द द्वारा मूल-निवासी (इंडीजीनस) होखे के दावा कइल जाला जबकि भारत के संबिधान में आदिवासी शब्द के जिकिर ना बाटे बलुक जनजाति के जिकिर बा आ अइसन लोगन के अनुसूचित जनजाति के रूप में दर्जा दे के चिन्हित कइल गइल बाटे। अमेरिका में 'नेटिव अमेरिकन ट्राइब' सब के कानूनी रूप से 'डोमेस्टिक डिपेंडेंट नेशन' के स्टेटस बाटे आ संघीय (फेडरल) सरकार के साथे सरकार-से-सरकार के लेवल वाला संबंध अस्थापित बाटे।