जनता दल (युनाइटेड) — Janata Dal (United), जेकरा के संछेप में जद(यू) — JD(U) के नाँव से जानल जाला, भारत में एगो राजनीतिक पार्टी बाटे। ई पार्टी मुख्य रूप से पूरबी आ पूर्वोतर के राज्यन में उल्लेखजोग इस्थिति में बा। बिहार में एकरा के क्षेत्रीय पार्टी के दर्जा बाटे आ वर्तमान बिहार सरकार में ई हिस्सेदार बा; अरुणाचल प्रदेश में ई दुसरी सभसे बड़ पार्टी बा (बिधान सभा के हिसाब से)।

पार्टी सेंटर-लेफ्ट राजनीति वाली पार्टी हवे आ सोशलिज्म, सेकुलरिज्म आ इंटीग्रल ह्यूमानिज्म के बिचारधारा वाली पार्टी हवे। एकर अस्थापना जनता दल से अलगा हो के साल 2003 एन भइल रहे आ संस्थापक लोग में जार्ज फर्नांडीज, नितीश कुमारशरद यादव के प्रमुख भूमिका रहल।