जनसत्ता
जनसत्ता भारत में छपे वाला प्रमुख हिंदीअखबारन में गिनल जाला। ई अखबार प्रसिद्द उद्योगपति रामनाथ गोयनका के स्थापित इंडियन ऍक्सप्रेस ग्रुप के एक ठो हिंदी उपक्रम बा। 1983 में एकर स्थापना दिल्ली में भइल आ अब ई रोज-रोज दिल्ली के अलावा कलकत्ता, लखनऊ आ चंडीगढ़ से छपे ला।[1]
प्रकार | दैनिक |
---|---|
फॉरमैट | ब्रॉडशीट |
मालिक | इंडियन एक्सप्रेस ग्रुप |
प्रकाशक | इंडियन एक्सप्रेस ग्रुप |
संपादक | मुकेश भारद्वाज |
भाषा | हिंदी |
मुख्यालय | A-8, सेक्टर - 7, नोएडा, उत्तर प्रदेश; पिनकोड : 201 301 |
वेबसाइट | www |
ईहे समूह मराठी में लोकसत्ता नाँव के आखबार मुंबई से छापे ला आ ई दुन्नों अखबार प्रभावशाली मानल जाने।[2]
संपादक लोग
संपादन करींजनसत्ता के संपादक रहि चुकल लोग में प्रभाष जोशी आ ओम थानवी नियर प्रसिद्ध लोग के नाँव गिनल जाला। जोशी (निधन 2009) के भारतीय आ हिंदी पत्रकारिता में बहुत परभावशाली ब्यक्ति मानल जाला।[3]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ जनसत्त्ता के ऑफिशियल वेबसाईट पर
- ↑ "As per official website of Indian Express Group". Archived from the original on 2008-07-25. Retrieved 2016-08-26.
- ↑ "कबीर परंपरा के पत्रकार थे प्रभाष जोशी | दुनिया | DW.COM | 06.11.2009". DW.COM. Retrieved 2016-08-26.
ई अखबार-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |