जरीब (جریب‎) लंबाई नापे के एगो इकाई हवे, साथै-साथ जेवना जंजीर से ई नापल जाला ओकरो के जरीब कहल जाला। एक जरीब के मानक लंबाई 66 फीट अथवा 22 गज या 4 लट्ठा होला। जरीब में कुल 100 कड़ी होखे लीं, मने कि एक कड़ी 0.6 फुट भा 7.92 इंच के होखे ले।

गुंटर्स जरीब, जेकरा के सर्वेयर्स चेन भी कहल जाला, 66 फीट लमहर आ सौ कड़ी वाली होले।

10 जरीब के दूरी 1 फर्लांग के बराबर आ 80 जरीब के दूरी 1 मील के बराबर होला।

एकरे अलावे अउरी कई किसिम के जरीब भी इस्तमाल होखे लीं। नाया ज़माना के जरीब मीटरी सिस्टम पर आधारित बनावल जालीं।