जानवर
Animals
समय बिस्तार: Cryogenianवर्तमान, 670–0Ma
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
(बिना रैंक कइल): Filozoa
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
Linnaeus, 1758
संघ (फाइला)
अउरी दूसर नाँव

जानवर, जनावर या प्राणी (अंग्रेजी: Animal) बहुकोशिकीय, यूकैरियोटिक जीवधारी बा जवन एनिमेलिया किंगडम (प्राणी जगत) के अंतर्गत आवेलें। सगरी जानवर गमनशील होलें, माने की चल फिर सके लें। वयस्क भइला पर जानवर के शरीर एगो स्थाई रूप ले लेला, हालांकि, कुछ जानवर सभ में बाद में भी बदलाव होत रहे ला। सगरी जानवर हेट्रोट्रॉफ होलें, माने की, जिंदा रहे खातिर दूसरे जीवधारी खा के पचावे के परेला या कौनों दूसरे जीवधारी के उत्पाद के खा के पचावे लें।

जानवर के उत्पत्ति पृथ्वी पर अब से लगभग 542 मिलियन (5420 लाख) बरिस पहिले, कैम्ब्रियाई बिस्फोट के समय भइल रहे। इनहन के कई बिभाग में बाँटल जाला जवना में प्रमुख बाटें: वर्टीब्रेट (चिरई, मैमल, एम्फिबियन, रेप्टाइल, मछरी); मोलस्कस (क्लैम्स, ऑइस्टर्स, ऑक्टोपस, स्क्विड, घोंघा); आर्थोपोड्स (मिलिपेड, सेंटीपीड, किरौना, मकड़ी, बिच्छी, खेखड़ा, लोबस्टर, झींगा); अनेलिड्स (केंचुआ); स्पंज आ जेलीफिश

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं