जुबिली ब्रिज (भारत)
जुबिली ब्रिज के 16 फरवरी 1885 में खोलल गइल रहे, रानी विक्टोरिया के शासन के पचासवाँ (जुबिली) साल पर। एकरे बने के काम 1882 में सुरू भइल आ 1885 में काम पूरा भइल रहे। लंदन टावर ब्रिज के इंजीनियर सर जॉन वूल्फ-बैरी के भतीजा, लेफ्टिनेंट कर्नल आर्थर जॉन बैरी, एकर चीफ इंजीनियर रहलें।[1] ब्रिज के डिजाइन ब्रैडफोर्ड लेजली आ अलेक्जेंडर मीडो रैंडेल के बनावल रहल। इहे ब्रैडफोर्ड लेजली कलकत्ता में पीपा के पुल के भी डिजाइन बनवले रहलें जेकरे जगह सन बयालिस में हावड़ा ब्रिज खुलल।
- जुबिली ब्रिज (बंगाली: জুবিলি ব্রিজ, Jubilee Bridge) भारत के पच्छिम बंगाल राज्य में हुगली नदी पर नैहाटी आ बैंदेल के बिचा में बनल रेलवे पुल बा जे अब इस्तेमाल में नइखे आ एकर जगह नया जुबिली पुल इस्तेमाल हो रहल बा। ई पुल गारीफा आ हुगली टाउन के बीच जोड़ बनावे।
जुबिली ब्रिज, सेंटीलीवर पुल रहल जेकरा के पूरा तौर पर रिवेटिंग से बनावल गइल रहल आ कहीं भी नट-बोल्ट के इस्तेमाल ना भइल रहे।
17 अप्रैल 2016 के 13141/तीस्ता तोर्सा एक्सप्रेस एह पुल पर से गुजरे वाली आखिरी ट्रेन रहल आ एकरे बाद ट्रैफिक के नया जुबिली ब्रिज प ट्रांसफर क दिहल गइल। कुल 129 साल ले ई पुल सेवा दिहलस आ ई (हुगली )नदी पर पहिला परमानेंट पुल रहल।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Frederick Arthur Crisp Visitation of England and Wales, Volume 14, London (1906)
बाहरी कड़ी
संपादन करींविकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Jubilee Bridge पर मौजूद बा। |
निर्देशांक: 22°54′25.6″N 88°24′16.0″E / 22.907111°N 88.404444°E
ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |