जेसन केंट बेटमैन (Jason Kent Bateman, जनम 14 जनवरी 1969) एगो अमेरिकी एक्टर, डाइरेक्टर, आ प्रोड्यूसर बाड़ें। बैटमैन आपन कैरियर के सुरुआत अस्सी के दशक में कइलें आ लिटिल हाउस ऑन दि प्रेयरीसिल्वर स्पून्सदि होगन फेमिली नियर धारावाहिक सभ में काम कइलें। साल 2000 के बाद धारावाहिक अरेस्टेड डेवेलपमेंट में माइकल ब्लथ के रोल से इनके परसिद्धी मिलल आ एकरे खातिर गोल्डन ग्लोबसैटेलाइट अवार्ड भी मिलल। [1] एकरे बाद इनके प्रमुख फिलिम सभ में जूनो (2007), हैनकॉक (2008), अप इन द एयर (2009), दि स्विच (2010), पॉल (2011), हॉरिबल बॉसेस (2011), दि चेंज-अप (2011), आइडेंटिटी थीफ (2013), बैड वर्ड्स (2013), हॉरिबल बॉसेस 2 (2014), दि गिफ्ट (2015), आ जूटोपिया (2016) के नाँव गिनावल जा सके ला आ साथै साथ 2017 नेटफ्लिक्स सीरीज ओजार्क भी गिनल जा सके ला।

जेसन बेटमैन
2011 में हॉरिबल बॉसेस के प्रीमियर में बेटमैन
जनमजेसन केंट बेटमैन
(1969-01-14) जनवरी 14, 1969 (उमिर 55)
राई, न्यू यॉर्क, अमेरिका
निवासलॉस एंजेलिस, कैलिफोर्निया
पेशा
  • एक्टर
  • डाइरेक्टर
  • प्रोड्यूसर
सक्रियता साल1981–वर्तमान
जीवनसाथी
अमांडा अंका (बि. 2001)
संतान2
रिश्तेदारजस्टिन बेटमैन (बहिन)

संदर्भ संपादन करीं

  1. Smith, Patrick (22 May 2013). "Jason Bateman interview: 'Arrested Development gave me a new life'". The Daily Telegraph. Retrieved 3 November 2015.

बाहरी कड़ी संपादन करीं