टुइयाँ सुग्गा या टुंइया सुग्गा (अंग्रेज़ी:Plum headed parakeet) एगो सुग्गा की प्रजाति क चिरई हउवे। ई लगभग एगो मैना की आकार क आ लमहर नोकदार पोंछ वाली चिरई हवे। बाकी सुग्गन से सबसे बड़ अंतर एकरी मूंडी क रंग होल। एकर मूंडी क पूरा उपरका हिस्सा नीलापन लिहले लाल रंग क होला।

एकर नांव टुंइया एकरी बोली की आधार पर पड़ल हवे। एकर बोली चटक आवाज में "टुंई" नियर होले।

हिमालय की पहाड़ी हिस्सा में 2000 मीटर की ऊंचाई ले आ बाकि पूरा भारत में पावल जाला। ई देसी सुग्गा नियर ना हवे जेवन खुलता जंगली हिस्सा में भी रहे बलुक ई हमेशा घन जंगली इलाका में रहल पसंद करे ला।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं