हप्ता के फोटो
मेसियर 78

मेसियर 78 चाहे एम78 ओरायन नक्षत्रमंडल में एगो रिफ्लेक्शन नेबुला बाटे। एकर खोज 1780 में पियरी मिशैन नाँव के फ्रांसीसी खगोलशास्त्री कइले रहलें आ ई ओही साल चार्ल्स मेसियर द्वारा उनके कैटलॉग में दर्ज कइल गइल। एह में दू गो तारा 10वाँ आ 11वाँ मैग्नीट्यूड के बाड़ें जिनहन के रोशनी एह नेबुला के धूर से रिफ्लेक्ट होखे ले आ इहे उजास एह नेबुला के देख्लाई पड़े वाला रूप हवे। एकरा के छोट दूरबीन से उज्जर धुंध वाला चकती के रूप में देखल जा सके ला।

फोटो: इगोर चेकालिन आ यूरोपियन दक्खिनी बेधशाला
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...