हप्ता के फोटो
क़ब्बत-अल-सख़रा

क़ब्बत-अल-सख़रा जेरुसलम में एगो ऐतिहासिक महजिद आ धरोहर बा। एकर निर्माण 691 ईसवी में, उमय्यद ख़लीफ़ा अब्द-अल-मलिक के आदेश पर भइल।

भवन के रूपरेखा आ रचना आसपास के बाइजेन्टाइन चर्च आ महल सभ से परभावित हऽ आ बाद में बाहरी सजावट में बदलाव भी कइल गइल, खासतौर पर एकर गुंबद पर सोना के पत्तर चढ़ावे के काम जे 1959–61 में, आ दोबारा 1993 में भइल। आठ कोण के भवन रचना वाली ई महजिद इस्लाम के अनुयायी लोग खातिर बहुत महत्त्व के बा काहें कि मानल जाला के मोहम्मद के स्वर्ग के रात भर के यात्रा के सुरुआत एही पत्थर से भइल जे एह महजिद के बीच में रखल बा।

फोटो: Andrew Shiva
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...