हप्ता के फोटो
शेख लुत्फ़अल्लाह महजिद के छत के डिजाइन

शेख लुत्फ़अल्लाह महजिद के गुंबज के अंदरूनी हिस्सा। ई महजिद ईरान के इस्फ़हान में सतरहवीं सदी के बनल एगो महजिद बा। ई महजिद अपना कला खातिर मास्टरपीस मानल जाले। इस्फ़हान शहर में ई नक्शे-जहाँ चौराहा के पूरबी साइड में बा। एकर निर्माण साल 1603 में सुरू भइल आ 1619 में बन के तइयार भइल। ईरान के सफदवी साम्राज्य के पहिला शाह अब्बास के शासन काल में ई बनल आ एकर मुख्य आर्किटेक्ट बहाउद्दीन अल-अमीली रहलें जिनके शेख बहाई के नाँव से भी जानल जाला।

फोटो: Phillip Maiwald
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...