ट्रांसफार्मर्स फिलिम सीरीज अमेरिकी साइंस फिक्शन फिलिम सभ के एक ठो सीरीज बाटे जे हैशब्रो आ टॉमी नाँव के कंपनी के बनावल खेलवना सभ के ले के गढ़ल गइल कहानी पर आधारित बाटे। एह सीरिज के डाइरेक्टर माइकल बे बाने आ अबले एह सीरीज में ट्रांसफार्मर्स (2007), रिवेंज ऑफ दि फालेन (2009), डार्क ऑफ दि मून (2011) आ एज ऑफ एक्सटिंक्शन (2014) आ चुकल बाड़ी स।[1][2][3] एह सीरीज के अगिला फिलिम, दि लास्ट नाइट 21 जून 2017 के रिलीज होखे वाला बा। माइकल बे के अनुसार ई एह सीरिज के आखिरी फिलिम होखी।

ट्रांसफार्मर्स
फ्रेंचाइज के लोगो (सुरुआती तीन फिलिम में)
डाइरेक्टर
संगीतकार
  • स्टीव जाबोलोंस्की
प्रोडक्शन
कंपनी सभ
  • हैशब्रो स्टूडियो (2009–वर्तमान)
  • दि बोनावेंचुरा पिक्चर्स (2007–वर्तमान)
डिस्ट्रीब्यूटर
रिलीज के तारीख
2007–वर्तमान
लंबाई (समय)
760 मिनट (5 फिलिम)
देसअमेरिका
भाषाअंग्रेजी
बजट$1.105 बिलियन
बॉक्स ऑफिस$3,773,861,624

हालाँकि, एह सीरीज के एक ठो पात्र (करेक्टर) बंबलबी के ले के ट्राविस नाइट नाँव के एनिमेशन फिलिम बनावे वाला डाइरेक्टर के फिलिम साल 2018 में आ एगो छठवीं फिलिम 2019 में आई।

एह सीरीज के डिस्ट्रीब्यूटर पैरामाउंट पिक्चर्स आ ड्रीमवर्क स्टूडियो बाने।

फिलिम सभ संपादन करीं

ट्रांसफार्मर्स: दि लास्ट नाइट संपादन करीं

ट्रांसफार्मर्स: दि लास्ट नाइट जून 2017 में आवे वाली फिलिम बा जे एह सीरीज के पाँचवीं फिलिम बाटे आ साल 2014 में रिलीज भइल फिलिम ट्रांसफार्मर्स: एज ऑफ एक्सटिंक्शन के सीक्वल हवे। मुख्य भूमिका में मार्क वालबर्ग आ स्टैनली तूसी बा लोग। ई फिलिम 21 जून 2017 के पैरामाउंट पिक्चर्स द्वारा 2D, 3D, आ IMAX 3D फारमेट में रिलीज कइल जाई।

संछेप में कहानी ई बा कि, आप्टिमस प्राइम के नामौजूदगी में मानव प्रजाति आ ट्रांसफार्मर सभ के बीच में जुद्ध छिड़ जाला। आपन दुनिया के बचावे खातिर केज यीगर एक ठो एलायंस बनावे लें, बंबलबी के साथ। आक्सफोर्ड इन्वर्सिटी के प्रोफेसर आ खगोलशास्त्री ई जाने के कोसिस करत बाने कि ट्रांसफार्मर सभ काहें बेर-बेर धरती पर आवत रहे लें।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Beard, Lanford (2012-02-14). "Michael Bay will direct the next 'Transformers,' but first he's pumped for 'Pain and Gain'". Insidemovies.ew.com. Retrieved 2012-05-08.
  2. "Michael Bay To Direct 'Transformers 4,' Producer Confirms". Movienight.mtv.ca. 2012-02-14. Archived from the original on 2012-05-21. Retrieved 2012-05-08.
  3. "Producer Lorenzo Di Bonaventura Says 'Transformers 4' Coming For Summer 2014 | The Playlist". Blogs.indiewire.com. Retrieved 2012-05-08.