फाइनेंस में ट्रेड कौनों सिक्योरिटी (स्टॉक भा शेयर, बौंड, कमोडिटीज, करेंसी, डेरीवेटिव चाहे अउरियो कौनों कीमती फाईनेंशियल इंस्ट्रुमेंट) के "कैश" के बदले खरीद-बिकवाली होला, सभसे टिपिकल रूप में शॉर्ट-डेट वाला वादा होला कि जवना देस में 'एक्सचेंज' बाटे ओह देस के करेंसी में पेमेंट क दिहल जाई। जवना कीमत प फाईनेंशियल इंस्ट्रुमेंट के ट्रेड होखे ला ऊ कीमत ओह इंस्ट्रुमेंट में माँग आ सप्लाई पर आधारित होखे ला।

आम भासा में एकर मतलब कई बेर स्टॉक ट्रेडिंग (शेयर के खरीद-बिकवाली) के रूप में बूझल जाला हालाँकि, ई बस एगो किसिम भर हवे।