ठेकुआ भारत की बिहार, पूर्वांचल आ नेपाल की मिथिला क्षेत्र में प्रचलित मिष्ठान ह। एकरा के बनावे खातिर आटा, गुर आ जल मिला के फेंट लिहल जाला, सान के मोमिआवल जाला फिर पसंद अनुसार गोल चाहे तिकोना आकर के बना के गाय भा भैंस के शुद्ध घीव में छान दिहल जाला। एह परकार के प्रयोग ख़ास कर के छठ, हनुमान पूजा, बरम बाबा के पूजा आदि में कइल जाला। देवता के चढ़ावे खाती एकरा के गाय के घीव में छानल जाला, भैस के घीव वाला ठेकुआ पूजा में प्रयोग ना होखेला।

ठेकुआ
छठ के परसाद के रूप में ठेकुआ
दूसर नाँवमाँठ
खाए के समयपरसादनाश्ता
उत्पत्ती अस्थाननेपाल, भारत
क्षेत्रजनकपुर, मिथिला, भोजपुर, पूर्वांचल
मुख्य सामग्रीगोहूँ के आटा, गुर या शीरा, घीव, लाची

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं