डकइती एगो प्रकार के संगठित अपराध हवे जे गैरकानूनी लोग करेला, जेह मे मार-काट के धमकी भा इस्तेमाल होला। डकइती करे वला बेकत के डाकू चाहे डकइत कहल जाला आ ई लोग, अकेले भा लोगन के जूटा के, रंगदारी, लूट, आ हत्या नियर अपराध करेला। डकइती अपराध के एगो अस्पष्ट अवधारणा हवे आ आधुनिक प्रयोग में ई गुंडागर्दी, ब्रिगेंडेज, लूटपाट, आ चोरी के पर्याय हो सकेला।