तराई
(तराई प्रदेश (नेपाल) से अनुप्रेषित)
तराई भारत आ नेपाल में हिमालय परबत के दक्खिन ओर के मैदानी आ समतल भू भाग के तराई कहल जायेला। ई भाबर वाला इलाका के ठीक दक्खिन में बनल निचाई वाला मैदान हवें जिनहन में आम तौर पर बड़ी-बड़ी घास वाला निचला हिस्सा पावल जाए लें। तराई के मतलब होला "तर" (नम, पानी सोखले) जमीन वाला इलाका।
गंगा नदी से उत्तर नेपाल के पहाडी क्षेत्र से दक्षिण पूरव मे टिष्ठा आ पश्चिम के अयोध्या तक मे रहला समथर मैदान वन वा भूमि वा क्षेत्र के तराई कहेला । ईहा हर प्रकार के खेती होला । जनकपुर विराटनगर ईटहरी राजविराज विरगंज भरतपुर नेपालगन्ज हेटौंडा झापा ई सभ नेपाल के तराई के शहर हबे । अर्थात् पूरव के झापा के मेची नदी से पश्चिम के महाकाली नदी तक के तराई प्रदेश कहेला ।
ई भारत के भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई नेपाल के भूगोल-संबंधी लेख कौनों जगह या क्षेत्र के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |